BREAKING NEWS
Search

बिहार में आंधी-पानी से छह लोग के मौत , मृत्यु पर CM नीतीश जतवले शोक, मृतक लोग के आश्रित के मिली चार-चार लाख रुपया के अनुदान

पटना : वज्रपात औरी  आंधी-पानी से दरभंगा में दु , मुजफ्फरपुर में एक, शिवहर में एक, खगड़िया में एक व  कटिहार में एक व्यक्ति के  मृत्यु पर मुख्यमंत्री नीतीश कुमार  गहरी शोक संवेदना व्यक्त कइले बाड़े . मुख्यमंत्री  कहले  कि आपदा के ऐह  घड़ी में उ  प्रभावित परिवारों के साथ बाड़े . मुख्यमंत्री  मृतक लोग  के आश्रित लोग के तत्काल चार-चार लाख रुपया  अनुग्रह अनुदान देबे  के निर्देश देहले बाड़े .

रउरा लोग के बता दिहल जाव कि उत्तर बिहार समेत बिहार  के कईगो  जिला  में आइल  आंधी-पानी से गेहूं, मक्का समेत अन्य फसल के  काफी नुकसान भइल बा . उत्तर बिहार के दरभंगा, समस्तीपुर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, मुजफ्फरपुर, शिवहर, खगड़िया, मधुबनी, गोपालगंज, वैशाली, सुपौल, सहरसा, कटिहार आदि जिला  में किसान लोग के  काफी क्षति उठावे  पड़ल बा . एहिमे  आम औरी  लीची के साथ-साथ गेहूं के  फसल पर बुरा असर पड़ल बा . ऐह  आंधी पानी में सैकड़ों घर के छप्पर उड़ गइल बा . जबकि कईगो  इलाका  में पेड़ गिर गइल बा . साथ ही कईगो  लोग ठनका के चपेट में आ गइल बा . हादसा  में मुजफ्फरपुर, दरभंगा, शिवहर, खगड़िया औरी  कटिहार में लोग के  मौत हो गइल .




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *