BREAKING NEWS
Search

बिहार में अब कोरोना महामारी औरी लॉकडाउन के बीच मिस्ड कॉल कर ले सकत बानी डाक्टर लोग के सलाह , जानी स्वास्थ्य विभाग ने नया हेल्पलाइन नम्बर औरी सेवा

पटना :-  बिहार के कवनो  भी जिला , गांव या शहर के लोग अपना  तबियत खराब भइला  पर सिर्फ एक मिस्ड कॉल कर डॉक्टर के सलाह ले सकत बा अब   मोबाईल पर डॉक्टर द्वारा दिहल गइल चिकित्सीय सलाह के पुर्जा भी एसएमएस से प्राप्त होइ । स्वास्थ्य विभाग के ओर से   मिस्ड कॉल कर स्वास्थ्य संबंधी जानकारी देबे खातिर एगो  मोबाईल नंबर जारी कइल गइल बा । स्वास्थ्य विभाग के संयुक्त सचिव अनिल कुमार द्वारा जारी निर्देश के अनुसार कवनो  भी मरीज एकर  लाभ उठा सकत बाड़े ।

सुबह 8 से रात 8 तक कइल  जा सकत बा  मिस्ड कॉल
प्राप्त जानकारी के अनुसार विभाग जवन  हेल्पलाइन नंबर 8010111213 जारी कइले बा ओहिपर  सुबह 8 बजे से रात 8 बजे तक मिस्ड कॉल कइल  जा सकी । मिस्ड कॉल मिलते ही कॉल सेंटर से फोन मरीज के मोबाईल पर जाइ । फेरु  संबंधित क्षेत्र के स्थानीय प्राथमिक चिकित्सा केंद्र के डॉक्टर से जांच औरी  दवाई के  जानकारी दीहल जाई । ओकरा बाद से , डॉक्टर द्वारा लिखित पुर्जा मरीज के मोबाईल पर एसएमएस कर दिहल जाई ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *