BREAKING NEWS
Search

ब्लैक संडे , बिहार में कोरोना पॉजिटिव मरीज लोग के संख्या पहुंचल -274

पटना बिहार में कोरोना संक्रमण के  आंकड़ा 274 तक पहुंच चुकल बा । आज रविवार के दिने अचानक मरीज लोग के संख्या से आज ब्लैक  संडे मानल जा रहल बा . पिछलका  एक सप्‍ताह के दौरान आठ नया  जिला  में एकर बढ़ोतरी भइल बा । रविवार के बिहार के अलग-अलग जिला  से 23 कोरोना पॉजिटिव मरीज मिलल बाड़े । जइमें गोपालगंज से 9, रोहतास से 6, पूर्वी चंपारण से 4, अरवल से 3 औरी  जहानाबाद से 1 संक्रमित मरीज मिलल बाड़े  ।

अभी तक राज्य के 21 जिला भइल कोरोना के  चपेट में

ऐह  तरह से राज्‍य के 21 जिला कोरोना के चपेट में आ चुकल बा । सबसे ज्यादा  संक्रमण के बात करी तबमुंगेर में  65, नालंदा में 34, पटना में 33, सिवान में 30 औरी बक्सर में 25 मामला  मिलल बा। एकरा पहिले पिछलक चार दिन में ही आधा मरीज मिलल बाड़े । गोपालगंज से मिलल  संक्रमित लोग  में 19, 60, 30, 41, 45, 60, 65 के पुरुष के साथे  50 व 60 साल के दुगो महिला शामिल बाड़ी । जबकि  पूर्वी चंपारण के चार पॉजिटिव में 28,32,50 औरी 54 साल के पुरुष शामिल बाड़े । एही तरह से  रोहतास से 6, 17, 20, 66, साल के पुरुष त 32, 35 साल के  महिला बाड़ी । जबकि  अरवल में 20, 21, 37 साल के पुरुष के  कोरोना रिपोर्ट पॉजिटिव आईल बा। जबकि जहानाबाद से 28 साल के  पुरुष संक्रमित मिलल बाड़े । कोरोना संक्रमण के  स्थिति पिछलका  चार दिन के दौरान विस्‍फोटक बनल बा। ऐह  दौरान आधे मरीज मिलल बाड़े । तारीख  पर गौर करी त  19 अप्रैल के  10, 20 अप्रैल के  17, 21 अप्रैल  के 13, 22 अप्रैल के  17, 23 अप्रैल के  27, 24 अप्रैल के 53 औरी 25 अप्रैल के  28 नया  मामला मिलल बा ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *