BREAKING NEWS
Search

गोपालगंज जिला के कटेया के एगो पोखरा से मिलल महिला के शव

गोपालगंज/ कटेया :- । नगर पंचायत कटेया स्थित वैष्णव मठ के पोखरा से रविवार के  सुबह एगो  महिला के  शव बरामद कइल गइल। मृत महिला पिछलका दु  दिन से घर से गायब रहली हवे । पुलिस  महिला के  शव के  अपना कब्जा  में लेहला  के बाद पोस्टमार्टम खातिर  सदर अस्पताल भेज देहले बा । जानकारी के अनुसार कटेया थाना क्षेत्र के नगर पंचायत अंतर्गत वार्ड संख्या 8 निवासी पंकज चौबे के  पत्नी रीना देवी पिछलका कुछ समय से बीमार चलत रहली ह । एही  बीच दु  दिन पहिले  रीना देवी अचानक घर से गायब हो गईली । परिवार के लोग उनकर  खोजबीन करत रहल हवे। बाकिर  उनकर  कहीं भी सुराग ना  मिलत रहल हवे । एही  बीच महिला के घर से मात्र बीस मीटर दूरी पर ग्रामीण लोग  रविवार के सबेरे नगर पंचायत के वैष्णव मठ के लगे  स्थित पोखरा में एगो  महिला के  शव देखल । सूचना मिलला  के बाद मौका  पर पहुंचल  परिवार के लोग  मृतका के शव के  पहचान रीना देवी के रूप में कइल । सूचना मिलते ही कटेया थानाध्यक्ष अश्विनी कुमार तिवारी, अंचल पदाधिकारी अफजल हुसैन, नगर पंचायत के कार्यपालक पदाधिकारी राहुल धर दुबे मौका  पर पहुंच गइले ओकरा बाद से  शव के पोस्टमार्टम करावे खातिर गोपालगंज भेज दिहल गइल । परिवार के लोग बतावल कि मृत महिला मानसिक रूप से पिछलका  कुछ समय से बीमार चलत रहली ह  मृतका के पति पंकज चौबे पुणे के कवनो  निजी कंपनी में काम करे ले ।



Avatar


Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *