BREAKING NEWS
Search

पंचदेवरी प्रखंड से मिलले दुगो कोरोना के संक्रमित मरीज , प्रखंड से कुल मरीज के संख्या भइल तीन

पंचदेवरी/कटेया:- थाना क्षेत्र के पंचदेवरी प्रखण्ड के मझवलिया में कुछदिन पहिलही पंचदेवरी प्रखंड के मझवलिया में एगो कोरोना के मरीज मिलला के बाद प्रखण्ड में काफी दहसत रहल ह, तबतक ले आज फिर से प्रखंड के भगवानपुर पँचायत में भी दूगो सकारात्मक मरीज पावल गईल बाड़े। जइमे गजेन्द्र सिंह उम्र लगभग-35,बरेली उ.प्र. के निवासी बाड़े जे नियामत गुरियाव (टोला-लुवठहा) निवासी – अपना दोस्त आदर्श राय पिता सुरेन्द्र राय किहा गोड्डा(झारखण्ड) से आके संगही उनके घर पर 27 मॉर्च से रहत रहले हं,जेकर सूचना स्थानीय बीडीओ आनन्द कुमार बिभूति के दके मिलला जाँच करावे खातिर 23 तारीख के सदर अस्पताल भेजल गईल रहल ह, संगही बनकटा निवासी रामेश्वर चौहान जे पुना से आईल रहले हं,उनहू के भी जांच करावे खातिर गोपालगंज सदर भेजल गईल रहल दुनो के जाँच-रिपोर्ट आज सकारात्मक आईल बा जवना के सूचना मिलते ही पंचदेवरी पीएचसी प्रभारी-उपेन्द्र प्रसाद आ बीएम-रोहीत कुमार ,स्थानीय बीडीओ-आनन्द कुमार बिभूती, कटेया थानाध्यक्ष-अशिवनी कुमार तिवारी, पंचदेवरी सी. ओ. अफजल हुसैन,यूनिसेफ बी.एम.सी- दीपक कुमार चौधरी आदी लोग पहुँच के दुनो गाँव के चारो तरफ से आवागमन बन्द कर दिहल गईल आ दुनो आदमी के घर से पांच-पांच सदस्य यानी 10 गो सदस्य लोगन के जमुनहा बाजार में स्थित हाई स्कूल सह इण्टर कॉलेज में करोन-टाइन कइल गईल। ई खबर सुनला के बाद क्षेत्र के लोगन में काफी भय देखल जा रहल बा।



Avatar


Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *