BREAKING NEWS
Search

गोपालगंज के कम्युनिटी किचेन में नइखे होत समाजिक दुरी के पालन

गोपालगंज। जिला प्रशासन द्वारा असहाय लोग के खाना उपलब्ध करावे खातिर  खोलल गइल  कम्युनिटी किचन में ही शारीरिक दूरी के  पालन नइखे कइल जात । एहिजा आपन भूख मिटावे खातिर काफी संख्या में असहाय लोग पहुंच रहल बा I खाना लेबे के बेरा एहिजा लोग एक दोसरा से सट के खड़ा होखत बा। बुधवार के  भी जिला शिक्षा कार्यालय परिसर में स्थित बुनियादी विद्यालय में खोलल गइल  कम्युनिटी किचन में असहाय लोग के भीड़ लागल देखल गइल । लोग एक दोसरा से सटके  खाना लेबे खातिर खड़ा देखाई दिहल । एहिजा प्रशासन द्वारा शारीरिक दुरी के पालन करावे खातिर कवनो सख्ती ना देखल गइल लोग आपन भूख मेटावे खातिर अपना जान पर खेल के एक दोसरा से सट के खड़ा रहल। हालांकि बीच- बीच में एहिजा  तैनात कर्मी लोग के एक दोसरा  से दूर खड़ा होखे खातिर अपील करत रहले। लेकिन ऐह  अपील के एहिजा तनको असर ना देखे के मिलल । बाद में सूचना मिलला  पर मौका  पर पहुंचल  सीओ विजय कुमार सिंह  द्वारा  भोजन खातिर  आईल  लोग के समझा बुझा के शारीरिक दुरी पालन करावल गइल । ऐह दौरान सीओ  कम्युनिटी किचन के रसोइया लोग के  मास्क व ग्लब्स लगाके  काम करे खातिर निर्देश देहले । 




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *