BREAKING NEWS
Search

गोपालगंज से डीलर लोग द्वारा पीडीएस दुकान में पॉस मशीन बंद करे खातिर उठल मांग

गोपालगंज। जनवितरण प्रणाली के  दुकान में पॉस मशीन के  बंद करे खातिर  अब डीलर आवाज उठावे लागल बाड़े । बुधवार के सदर प्रखंड के  डीलर लोग प्रखंड कार्यालय परिसर पहुंच के  पॉस मशीन के  सेवा बंद करे खातिर प्रखंड आपूर्ति पदाधिकारी के आवेदन दिहल । डीलर लोग पॉस मशीन के माध्यम से राशन वितरण के दौरान कोरोना वायरस के  संक्रमण फइले के आशंका जतावल । डीलर लोग के कहनाम रहुए कि कोरोना महामारी के बीच सरकार  पॉस मशीन के माध्यम से राशन के  वितरण करे खातिर राशन कार्ड के  सत्यापन करे के जिम्मेदारी जन वितरण प्रणाली के दुकानदार लोग के देहले बा । एही  बीच जिला  में कोरोना पॉजिटिव मामला काफी बढ़ रहल बा । रोज नया – नया मामला समाने आ रहल बा । अइमें  में पॉस मशीन में एक साथ लोग  के अंगूठा के  निशान लेबे के  मतलब कोरोना के  बढ़ावा दिहल होई। लॉकडाउन तक जिला प्रशासन के  पॉस मशीन में अंगूठा के निशान लेबे के कार्य बंद कर देबे के चाही । पॉस मशीन में अंगूठा लगावे के अनिवार्यता के चलते  आम लोग  के साथ साथ जन वितरण प्रणाली के दुकानदार लोग के कोरोना वायरस से संक्रमित होखे के खतरा बनल रहत बा । आवेदन देबे वाला  में मिथिलेश राय, परशुराम प्रसाद, संजय कुमार सहित तमाम डीलर शामिल रहले ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *