BREAKING NEWS
Search

स्वास्थ्य विभाग द्वारा गोपालगंज जिला के रेड जोन घोषित कइला के बाद से जिला प्रशासन सख्त , लांकडाउन के उलंघन कइला पर होई क़ानूनी करवाई

गोपालगंज : जिला में अचानक कोरोना संक्रमित मरीज लोग के संख्या में भारी बढ़ोतरी के बाद से स्वास्थ्य विभाग द्वारा गोपालगंज के रेड जोन जिला घोषित कर दिहल गइल बा . रउरा लोग के बता दिहल जाव की अभी तक गोपालगंज से पन्द्रहगो कोरोना के संक्रमित मरीज मिलल बाड़े . जवना प्रखंड औरी गाँव से मरीज मिलल बाड़े ओहिजा के तिन किलोमीटर के इलाका के प्रशासन द्वारा सिल कर दिहल गइल बा . ओह गांव में सख्त पहरा लगा दिहल गइल बा . ओने बुधवार के जिला प्रशासन के द्वारा जिला के डीएम श्री अरशद अजीज अउरी एसपी श्री मनोज तिवारी द्वारा सयुक्त रूप से पत्र जारी कइल गइल . जइमें स्पष्ट लिखल बा की लांकडाउन के उलंघन करे वाला के कवनो हालत में बक्सल ना जाई .

जिला प्रशासन द्वारा जारी पत्र के प्रति

अब दस बजे से दु बजे दिन तक ही खुली दुकान

डीएम औरी एसपी साहेब द्वारा सयुक्त रूप से जारी आदेश में स्पष्ट कर दिहल गइल बा की गोपालगंज नगर पालिका में खाली दवाई के दुकान , हॉस्पिटल के छोड़ सगरी दुकान सिर्फ दिन के दस बजे से दिन के दु बजे तक ही खुली . एकरा बाद से अगर केहू भी बजार में घुमत देखाई दी तब ओकरा खिलाफ सख्त क़ानूनी करवाई होई . जवना गाड़ी के पास निर्गत रही उहे गाड़ी खाली रोड पर चली . दु पहिया गाड़ी पर पास निर्गत बा ओकरा बादो केहू डबल सवारी करत बा तब पर क़ानूनी करवाई होई . जबकि पास जारी चारपहिया गाड़ी पर अब ड्राईवर के अलावा मात्र दु लोग ही रही . तय अवधि के बाद अगर केहू आदमी बजार में घुमत मिली तब पुलिस ओकरा से सख्ती से निपटी . खाली गोपालगंज शहर में दवाई दुकान 6 बजे से शाम 6 बजे तक ही खुली . जबकि गोपालगंज शहर के बाद पूरा जिला भर में खाली आवश्यक सेवा से जुड़ल दुकान ही दिन के 10 बजे से 2 बजे दिन तक ही खुलल रही .




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *