BREAKING NEWS
Search

गोपालगंज के आयरन लेडी के नाम से मशहूर पूर्व जिप अध्यक्ष उर्मिला पांडेय के पूण्यतिथि पर लोग दिहल विनम्र श्रद्धाजली

गोपालगंज : गोपालगंज के पूर्व जिला परिषद अध्यक्ष आयरन लेडी के नाम से चर्चित उर्मिला पांडेय के पूण्यतिथि पर जिला सहित प्रदेश के कइगो जिला में लोग उनकरा के याद कर विनम्र श्रद्धाजली दिहल . कोरोना के चलते जारी लांकडाउन के वजह से कवनो बड़हन कार्यक्रम के केहू आयोजन ना कइल बाकिर हजारो के संख्या में लोग सोशल साईट के माध्यम से फोटो पोस्ट कर विनम्र श्रद्धासुमन अर्पित कइल . श्रद्धाजली अर्पित करत गोपालगंज के वर्तमान जिला परिषद के अध्यक्ष अपना फेसबुक पर भावुक होके लिखले की माई के कमी के केहू पूरा नइखे कर सकत . माई त माई होखेली माई के जगहा केहू नइखे ले सकत . मुकेश कुमार पांडेय के फेसबुक पर पोस्ट डालते ही उनकरा के चाहे वाला समर्थक लोग  कमेट के माध्यम से विनम्र श्रद्धाजली देबे लागल लोग . जबकि ओने दुसरका ओर कुचायकोट के जदयू विधायक अमरेन्द्र कुमार पांडेय भी अपना फेसबुक पर ही पूर्व जिला परिषद अध्यक्ष के फोटो पोस्ट कर विनम्र श्रद्धाजली देहले . ऐह दौरान हजारो लोग फेसबुक के माध्यम से पूर्व जिला परिषद अध्यक्ष जी के फोटो पोस्ट कर विनम्र श्रद्धाजली दिहल .

पूर्व जिप अध्यक्ष के विकास कार्य के आज भी होखेला चर्चा

जवना समय में उर्मिला पाण्डेय जिला परिषद अध्यक्ष रहली तवना बेरा उनकरा कार्यकाल में जिला में कइगो ऐतिहासिक विकास कार्य भइल रहे ओकर चर्चा आजो जिला में लोग करेला . उर्मिला पांडेय के  गाँव के गरीब महिला लोग से विशेष लगाव रहे . सबेर होते ही उनकरा कार्यकाल दौरान दर्जनों के संख्या महिला लोग आपन -आपन समस्या लेके उनकरा किहा पहुँच जात रहे . सगरी समस्या के निपटारा में उर्मिला पांडेय द्वारा तुरंत कर दिहल जाव . महिला लोग में आज भी जिला स्तर पर ओहीसन केहू नेता नइखे . जवना के चलते गरीब ग्रामीण महिला लोग के आजो उनकर कमी खलेला . विकास कार्य औरी अपना सरल व्यवहार के चलते लोग उर्मिला पांडेय के जिला के आयरन लेडी के दर्जा देहले रहले . क्षेत्र के लोग आजो कहेला की उर्मिला पांडेय हरेक मामला के निपटारा बड़ा शालीनता के साथ करत रहली हवे .क्षेत्र के  गरीब लोग के बेटी के बेटी के शादी में सबसे पहिले पहुँच के उनकरा द्वारा काफी मदत भी गरीब लोग के कइल जात रहल हवे .ऑफिस में भी उ अपना काम औरी कुशल व्यवहार के लेके काफी लोकप्रिय रहली . विरोधी लोग भी उर्मिला पांडेय के काम औरी व्यवहार से काफी प्रभावित रहत रहले ह .




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *