BREAKING NEWS
Search

पटना के गौरीचक स्थित सेंट्रल बैंक ऑफ़ इंडिया द्वारा गरीब लोग के बाटल गइल राशन

पटना : आज जहवा कोरोना के कहर के चलते पूरा देशभर में लाँकडाउन घोषित कर दिहल गइल बा . देश में जारी लाँकडाउन के चलते अब कइगो गरीब परिवार में कइ बेरा चूल्हा तक नइखे जर पावत . हलाकि सरकार द्वारा गरीब लोग खातिर फ्री राशन बाटल जा रहल बा . बाकिर जेकरा लगे राशनकार्ड नइखे ओहिसन परिवार में भुखमरी के स्थिति पैदा होखे लागल बा . एही सब के बिच शुक्रवार के पटना के गौरीचक स्थित सेंट्रल बैंक ऑफ़ इंडिया के शाखा द्वारा क्षेत्र के गरीब लोग के ध्यान में रखते हुए सैकड़ो गरीब परिवार के बिच राशन सहित जरूरत के समान के वितरण कइल गइल . राशन वितरण के दौरान सैकड़ो के संख्या में गरीब परिवार के लोग राशन लेबे खातिर उमड़ पड़ल बाकिर राशन बाटत समय बैंक के शाखा द्वारा सगरी लोग के समाजिक दुरी के अनुसार खड़ा कइल गइल . ओकरा बाद से एक कर सगरी लोग के बिच राशन के वितरण भइल . ऐह नेक काम में मुख्य रूप से सेंट्रल बैंक ऑफ़ इंडिया गौरीचक के पूर्व शाखा प्रबंधक राहुल कुमार , वर्तमान शाखा प्रबंधक मनोज कुमार सहित बैंक के कर्मचारी हरेन्द्र कुमार , खजांची मुकेश कुमार , लिपिक राहुल कुमार सरक्षा प्रहरी राजीव आदि लोग आपन विशेष योगदान दिहल . लाँकडाउन के बिच ही बैंक के शाखा द्वारा प्रतिदिन ग्राहक लोग के सुविधा के ध्यान में रखते हुए किसान औरी व्यपारी लोग से सम्बधित योजना के जानकारी औरी लाभ दिहल जा रहल बा .

नीचे वीडियो पर क्लिक कर देखी पूरा वीडियो




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *