BREAKING NEWS
Search

हथुआ बुजुर्ग गाँव के राशन से वंचित सगरी लोग के मई महिना से मिली राशन : रामसेवक सिंह

भोजपुरिया बयार के खबर के असर , हथुआ बुजुर्ग औरी बरीरायभान गांव के सगरी राशनकार्डधारी लोग के मई महिना से मिली नियमित राशन

-14 अप्रैल के भोजपुरिया बयार के माध्यम से  भईल रहे खबर के प्रकाशन

भोजपुरिया बयार में प्रकाशित खबर के पुरनका कटिंग

– खबर प्रकाशित भइला के दुसरका दिने ही मंत्री के आदेश पर हथुआ बीडीओ कईले रहले जाँच

गोपालगंज/ हथुआ : 14 अप्रैल के राउर लोकप्रिय चैनल  भोजपुरिया बयार के माध्यम से हथुआ प्रखंड के हथुआ बुजुर्ग गाँव के लोग के विशेष आग्रह पर खबर के प्रसारण भइल रहे .खबर में हथुआ बुजुर्ग गांव के दर्जनों के संख्या में लोग आपन राशनकार्ड हाथ में लेके राशनकार्ड रहला के वावजूद राशन ना मिलला के शिकायत कइले रहे . ग्रामीण लोग ईमेल औरी व्हाट्सप से पत्र भेज के बिहार के मुख्यमंत्री नितीश कुमार से लेके जिला के डीएम औरी एसडीएम तक आपन पीड़ा सुनवले रहे . सोशल मिडिया पर ई खबर पूरा वायरल भी भइल रहे . भोजपुरिया बयार के खबर के देखते ही क्षेत्र के विधायक बिहार सरकार के समाज कल्याण मंत्री रामसेवक सिंह हथुआ एसडीएम के फोन कर पूरा मामला के जाँच तुरंत कराके सगरी लाभुक लोग के राशन उपलब्ध करावे खातिर आदेश देहले . मंत्री के आदेश मिलते ही हथुआ एसडीएम अनिल कुमार रमन पूरा मामला के जाँच के जिम्मेवारी हथुआ के बीडीओ सह प्रखंड आपूर्ति पदाधिकारी रवि कुमार के देहले . 16 अप्रैल के बीडीओ रवि कुमार हथुआ बुजुर्ग गाँव पहुँच के एक – एक लाभुक के दरवाजा पर जाके राशनकार्ड के पात्रता के जाँच कइले . जाँच के दौरान सगरी 36 राशनकार्डधारी जेकर राशनकार्ड तिन महिना पहिले रद्द कर दिहल गइल रहे  उ राशनकार्ड के पात्रता पूरा करे वाला हरेक मानक पर खरा उतरल . भोजपुरिया बयार से बातचीत के दौरान हथुआ विधायक सह समाज कल्याण मंत्री रामसेवक सिंह बतवले की हथुआ बुजुर्ग गाँव के सगरी राशनकार्डधारी लोग के मई महिना से राशन मिली . 36 गो जवन राशनकार्ड रद्द भइल रहल हवे ओकरा के चालू कर दिहल गइल बा . बिना कवनो भेदभाव के सगरी लोग के मई महिना से राशन मिली .क्षेत्र के हरेक व्यक्ति के सुविधा के ख्याल राखल हमार जिम्मेवारी बा .

गाँव के राशन से वंचित लोग में ख़ुशी के लहर

हथुआ बुजुर्ग गांव के 36 राशनकार्डधारक के जइसे सुचना मिलल की मंत्री जी के पहल पर सगरी 36 लोग के राशनकार्ड चालु हो गइल बा . ग्रामीण लोग में ख़ुशी के लहर दौड़ गइल . ग्रामीण सुरेन्द्र सिंह बतवले की ऐह विकट परिस्थिति में मंत्री जी के इ पहल हमनी खातिर बहुत कारगर बा . जबकि ग्रामीण महेश  भगत , चंदन कुमार सिंह , मैना देवी , चिंता देवी सहित सगरी ग्रामीण लोग मंत्री जी के पहल पर धन्यवाद दिहल .ग्रामीण कहले की ऐह विकट परिस्थिति में हमनी के मंत्री जी ख्याल रखनी . तिन महिना से हमनी के राशन ना मिलत रहल हवे . बाकिर मंत्री जी पहल पर हमनी के साथे न्याय भइल बा .

राशन वितरण में कवनो कोतहाई ना होई बर्दाश्त : मंत्री

फोटो :- बिहार सरकार के समाज कल्याण मंत्री रामसेवक सिंह

बिहार सरकार के समाज कल्याण मंत्री रामसेवक सिंह कहले की अभी कोरोना महामारी के चलते जारी लाँकडाउन के वजह से सरकार द्वारा गरीब लोग के सुविधा के ध्यान में रख के तिन महिना तक फ्री राशन उपलब्ध करावल जा रहल बा . बहुत सारा गरीब तबका के लोग रहल हवे जेकरा लगे राशनकार्ड ना रहल हवे . सगरी राशनकार्ड से वंचित लोग के राशनकार्ड बनावे खातिर जीविका दीदी लोग के माध्यम से हरेक गाँव में जिम्मेवारी दिहल गइल बा . 3 मई तक राशनकार्ड बनावे खातिर आवेदन जमा होई . आवेदन जमा भईला के एक सप्ताह के अंदर सगरी लोग के राशनकार्ड बन जाई . सगरी नया लाभुक लोग के मई महिना से ही राशन मिली . एकरा खातिर बिहार सरकार द्वारा युद्ध स्तर पर काम हो रहल बा . सगरी राशनकार्ड धारक के एक हजार रूपया सीधे खाता में भेजल जा रहल बा . राशन वितरण के दौरान अगर कवनो डीलर तनको गड़बड़ी करिहे तब ओकरा के बक्सल ना जाई . सरकार द्वारा प्रति यूनिट पांच किलो राशन के साथे पांच किलो फ्री चावल दिहल जा रहल बा . मई महिना से प्रति यूनिट एक किलो दाल भी दिहल जाई . बिहार सरकार द्वारा गरीब लोग के विशेष ख्याल राखल जा रहल बा . मंत्री क्षेत्र के लोग से कोरोना से बचे खातिर लाँकडाउन के पूरा पालन करे खातिर निहोरा कइले . मंत्री कहले की कोरोना से बचे खातिर लाँकडाउन ही विकल्प बा .




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *