BREAKING NEWS
Search

गोपालगंज के उचकागांव प्रखंड के राजघाट स्थित दाहा नदी में ​जीविका दीदी लोग बोरा में भर के फेकल राशनकार्ड खातिर जमा आवेदन

गोपालगंज. कोरोना वायरस से बचे खातिर  लागू लॉक डाउन  में सबसे ज्यादा मार गरीब ग्रामीण  औरी  मजदूर लोग  पर पड़ल बा . गोपालगंज के उचकागांव के राशन कार्ड से वंचित ग्रामीण लोग  द्वारा जीविका कर्मी लोग के लगे  राशन कार्ड बनवावे खातिर फार्म जमा कइल गइल रहल हवे . सगरी आवेदन फार्म के जीविका कर्मी लोग के द्वारा दाहा नदी के  किनारे बोरा  में भर के  फेंक दिहल गइल . दाहा नदी के किनारे बोरा  में भरल  आवेदन फार्म के  देख  ग्रामीण लोग  में अफरा तफरी के  माहौल हो गइल .आवेदन के साथे ग्रामीण लोग  द्वारा बैंक पासबुक औरी  आधार कार्ड के  छाया प्रति भी जमा करवल गइल रहे. लेकिन इ  आवेदन जीविका कर्मी लोग  द्वारा उचकागांव प्रखंड कार्यालय में जमा करे  के बजाय हरपुर राजघाट पुल से दाहा नदी के किनारे फेंक दिहल गइल. .

आवेदन के  बोरी के साथे  ग्रामीण लोग कइल  प्रदर्शन

दाहा नदी के किनारे बोरा  में फेंकल गइल  आवेदन फार्म के  देख के ग्रामीण लोग एकर सूचना प्रखंड पदाधिकारी के दिहल. फेंकल गइल  आवेदन फार्म परसौनी खास पंचायत भवन के सामने रख के  ग्रामीण लोग  जम के  हंगामा व प्रदर्शन कइल . आक्रोशित ग्रामीण लोग दोषी जीविका कर्मी लोग  के विरुद्ध कार्यवाही के  मांग कइल  . दाहा नदी किनारे फेंकल गइल आवेदन फार्म नवादा, परसौनी औरी  परसौनी खास पंचायत के ग्रामीण लोग के  बतावल  जा रहल बा .




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *