BREAKING NEWS
Search

बिहार शिक्षक नियोजन – नृत्य, ललित कला, कंप्यूटर औरी शारीरिक शिक्षा विषय के शिक्षक लोग के ही मिली उम्र सिमा में छूट

पटना  शिक्षा विभाग स्पष्ट कर देहले बा  कि नृत्य, ललित कला, कंप्यूटर – शारीरिक शिक्षा विषय के शिक्षक पद पर नियोजन खातिर  एसटीईटी-2012 में उत्तीर्ण अभ्यर्थी लोग के अधिकतम उम्र सीमा में 2021 तक छूट दीहल जाई । बाकिर , एकर  लाभ वर्तमान में संचालित छठा  चरण के नियोजन में ना मिली । जबकि , अन्य विषय के अभ्यर्थी लोग के  संगीत विषय के शिक्षक के  तरह छठे चरण के माध्यमिक औरी  उच्च माध्यमिक शिक्षक नियोजन में अधिकतम उम्र सीमा में छूट ननईखे  दीहल  जात । शिक्षा विभाग के अनुसार ऐ बात के  निर्णय पटना हाईकोर्ट द्वारा 28 अगस्त के  पारित आदेश के आलोक में लिहल गईल बा । कहल गईल बा कि नियोजन वर्ष 2012 में माध्यमिक-  उच्च माध्यमिक विद्यालय के संगीत शिक्षक के पद पर नियोजन खातिर  रिक्ति विज्ञापित ना रहले के चलते  उम्र संबंधी अधिसूचना के ऐ विषय के अभ्यर्थी लाभ ना ले पवले रहले ।वर्ष 2012 में जारी निर्देश में कहल गईल रहे कि जवना अभ्यर्थी लोग के उम्र सीमा शिक्षा पात्रता परीक्षा के समय निर्धारित उम्र सीमा के अधीन रहे जे शिक्षक पात्रता परीक्षा उत्तीर्ण कर लेहले बा, ओहिसन अभ्यर्थी लोग के उम्र सीमा के  शिक्षक नियोजन 2012 के अंतर्गत संबंधित नियोजन समिति द्वारा विलोपित करत  नियोजन के  कार्रवाई कईल जाई । एही प्रकार उम्र सीमा में इ छूट नियोजन वर्ष 2012  खातिर रहे । जवना अभ्यर्थी लोग के उम्र सीमा शिक्षा पात्रता परीक्षा एसटीईटी- 2011 के समय निर्धारित उम्र सीमा के अधीन रहे जे एसटीईटी- 2011 में उत्तीर्णता प्राप्त कईले रहे , ओहिसन अभ्यर्थी लोग के उम्र सीमा नियोजन के आगामी चरण खातिर  एक बार विलोपित कईल  गईल थे । ऐ सगरी  आदेश के  माध्यमिक – उच्च माध्यमिक शिक्षक लोग  के छठा  चरण के नियोजन खातिर  निर्गत विभागीय अधिसूचना के माध्यम से लागू कइल  जा रहल बा ।  




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *