BREAKING NEWS
Search

लालू यादव के जमानत याचिका पर सुनवाई टलल, तेजस्वी मायूस

पटना। राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के  जमानत पर आज सुनवाई होखे वाला रहल हवे, लेकिन टल गईल । झारखंड हाईकोर्ट में दुमका कोषागार से जुड़ल  चारा घोटाला मामला  में लालू यादव के  ओर से दायर याचिका पर सुनवाई होखे के रहुए । अब ऐ  मामला  पर अगामी 22 नवंबर के  सुनवाई होई । सीबीआई  जवाब देबे खातिर  कोर्ट से 22 नवंबर तक के समय मांगल गईल बा , जवना के  कोर्ट  स्‍वीकार कर लेहले बा । जमानत पर कौनो  फैसला ना भईला से उनकर  समर्थक लोग  में काफी निराशा बा ।एकरा के  संयोग कहल जाव  या पॉलिटिकल प्‍लानिंग लालू के लाल तेजस्‍वी यादव भी अभी रांची में ही बाड़े । उ  गुरुवार के  ही दिल्‍ली से सीधे रांची पहुंच गईल रहुअन । उनकर  भी नजर झारखंड हाईकोर्ट के  सुनवाई पर लागल रहल हवे । बाकिर कौनो  फैसला ना अईला  से उहो  मायूस हो गईले ।   राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के  ओर से जमानत खातिर  दायर याचिका पर बिहार ही ना , पूरा  देश के  नजर लागल रहल हवे  । राजद समेत लालू के समर्थक लोग के काफी   उम्‍मीद रहल हवे  कि झारखंड हाईकोर्ट से उनकरा  जमानत मिल जाई । एक बार फेरु लालू यादव बाहर अईहे । एकरा पहिले उनकरा   देवघर कोषागार मामला  में झारखंड हाईकोर्ट से जमानत मिल चुकल रहल हवे ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *