BREAKING NEWS
Search

सीवान जिला के बसंतपुर में साढ़े तीन साल के बच्चा में मिलल कोरोना पॉजिटिव

सीवान  । सीवान  जिला  एक बार फेरु  परेशानी के  सबक  बन गइल । अब बसंतपुर से वायरस के  चेन बने लागल । रविवार के एहिजा से ही 60 वर्षीय वृद्ध कोरोना संक्रमित मिलल रहले ओकरा  बाद मंगलवार के  एक बार फेरु एही  प्रखंड से कोरोना के संक्रमित मिलल बाड़े । बसंतपुर प्रखंड में  कोरोना पॉजिटिव साढ़े तीन साल के बच्चा में मिलल बा । एकरा  साथे  ही जिला  में कोरोना पॉजिटिव के  संख्या 32 हो गईल । जबकि कोरोना के  मात देबे वाला के संख्या 25 बा ।

6 पंचायत के 6 गांव कंटेनमेंट जोन घोषित

जिला प्रशासन के आदेश पर सुरक्षा के  दृष्टिकोण से प्रखंड के छह पंचायत के छह गांव के कंटेनमेंट जोन घोषित कर दिहल गइल । एहिजा से  लोग के घर से बाहर निकले  पर पूरी तरह से रोक लगा दीहल  गईल। ऐह सगरी  गांव में लोग के बीच जरूरी सामान के  उपलब्धता जिला प्रशासन अपना  स्तर से करी । एकरा पहिले   23 अप्रैल के  गोरियाकोठी के भिट्ठी गांव में कोरोना संक्रमित मरीज मिलला  के बाद से ही बसंतपुर प्रखंड के बसांव पंचायत के  कंटेंमेंट जोन में शामिल कइल  गइल रहे ।

अब इ  गांव के  कइल गइल कंटेंमेंट जोन में घोषित

कोरोना संक्रमित मरीज के  पुष्टि भइला  के बाद प्रशासन सख्त हो गइल । जिले के मोलनापुर पंचायत के मोलनापुर गांव से तीन किलोमीटर के  परिधि में स्थित उत्तर में गोरेयाकोठी प्रखंड के भिट्ठी पंचायत के पुरंदरपुर गांव, दक्षिण में बसंतपुर प्रखंड के कंहौली पंचायत के उसरी गांव, पूरब में कंहौली पंचायत के समरदह गांव व बसांव पंचायत के नगरी गांव के साथे  पश्चिम में गोरेयोकोठी प्रखंड के आज्ञा पंचायत के मानफेरा गांव के  कंटेंमेंट जोन घोषित कर दिहल गइल बा । ऐह गांव में बाहर से आवे -जाए वाला  लोग पर पूर्ण रूप से पाबंदी लगा दीहल  गईल बा। बैठक के दौरान बसांव, मोलनापुर,  कन्हौली पंचायत के गांव के  डोर-टू-डोर स्क्रीनिंग करावे के  भी निर्णय लिहल गइल । क्षेत्र में आवागमन के  पूरी तरह से  बंद कर दिहल गइल बा ।

उल्लंघन कइला  पर होइ  कार्रवाई

अगर कवनो  व्यक्ति द्वारा कंटेंनमेंट घोषित कइल गइल  क्षेत्र से बाहर पलायन अथवा बाहर से क्षेत्र में प्रवेश कइल जाई तब कार्रवाई करे के सख्त निर्देश जारी कइल गइल बा । महाराजगंज अनुमंडल पदाधिकारी मंजीत कुमार द्वारा बतावल गइल कि नियम के  उल्लंघन कइला  पर भारतीय दंड संहिता के  धारा 188, 269 व 270 के  सुसंगत धारा के तहत प्राथमिकी दर्ज करत  कार्रवाई कइल जाई । साथ हीं संबंधित व्यक्ति के  अविलंब हिरासत में लेके  कारावास में भी डाल दिहल जाई ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *