BREAKING NEWS
Search

आपसी भाईचारा के साथे होखो मंदिर – मस्जिद दुनु के निर्माण :- शैलेन्द्र प्रताप शाही

गोपालगंज /हथुआ :- हथुआ स्थित बाबू साहेब स्टेट कमपाउड में अपनाआवास पर भोजपुरिया बयार से बातचीत करत छात्र जन समस्या संघर्ष समिति के राष्ट्रिय अध्यक्ष शैलेन्द्र प्रताप शाही कहले कि वर्षो से विवादित राम मंदिर पर सुप्रीम कोर्ट के फैसला स्वागत योग्य बा . सुप्रीम कोर्ट के फैसला से भारत के एकता अखंडता में औरी मजबूती मिलल बा . भारत पहिलही से एगो आदर्श धर्मनिरपेक्ष देश रहल बा . श्री शाही आगे कहले कि सुप्रीम कोर्ट के फैसला के हम स्वागत कर रहल बानी . भारत के दुनु धर्म के लोग में ऐ फैसला से ख़ुशी देखल जा रहल बा . मंदिर – मस्जिद दुनु के निर्माण आपसी भाई चारा के साथे होखे इ हमार शुभकामना बा . अगर मंदिर के निर्माण में मुस्लिम समुदाय के लोग आपन सहयोग दी औरी मस्जिद के निर्माण में हिन्दू समुदाय के लोग आपन सहयोग दी त एहिसे देश के एकता अखंडता में मजबूती मिली . एकर संदेश दुनिया भर में जाई .

फोटो :- शैलेन्द्र प्रताप शाही



Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *