BREAKING NEWS
Search

मांझागढ़ में सड़क दुर्घटना में एगो बच्चा समेत दु लोग के मौत, दु आदमी गंभीर रूप में घाही

गोपालगंज /मांझागढ़ :- मांझागढ़ थाना  के दानापुर गांव के लगे  एनएच 28 पर शनिवार के  शाम करीब साढ़े छह बजे दुगो  अलग-अलग हादसा  में एगो बच्चा  समेत दुगो लोग के मौत हो गईल । जबकि दुगो  लोग गंभीर रूप से घाही  हो गईले । इलाज खातिर घाही  लोग के  सदर अस्पताल के इमरजेंसी वार्ड में भर्ती करावल गईल । घटना के बारे में बतावल जा रहल बा कि जीप व बाइक के  टक्कर दुनु  युवक गंभीर रूप से जख्मी हो गईले । जख्मी युवक लोग  में नगर थाना  के शुकुलवा गांव के जलालुद्दीन मियां के पुत्र  मो. अनीष व कुचायकोट थाना  के रामपुर खरेया गांव के मनीर आलम के पुत्र खुर्शीद आलम बतावल गईल बाड़े . दुनु लोग के  इलाज खातिर  सदर अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा । जहवा  इलाज के दौरान खुर्शीद आलम के  मौत हो गईल । ओने  जख्मी मो. अनीष के बेहतर इलाज करावे खातिर  सदर अस्पताल से गोरखपुर रेफर कर दिहल गईल बा । घटना के बाद जीप चालक के  लोग  पकड़ लेहुए । दूसरका  घटना में एगो  स्कार्पियो  दानापुर गांव के लगही  एनएच 28 पर एगो  वृद्ध व एगो बच्चा के  रौंद देहुए । जवना के बाद से  घटनास्थल पर ही बच्चा के मौत हो गउए । जबकि वृद्ध गंभीर रूप से घाही  हो गउअन  । इलाज करावे खातिर वृद्ध के  सदर अस्पताल के इमरजेंसी वार्ड में भर्ती करावल गईल बा । गंभीर रूप से घाही वृद्ध मांझागढ़ थाना  के सहलादपुर गांव के सोमारी राम बतावल गईल बाड़े । जबकि  उनकर  मृत पोता के  नाम अंकुर कुमार रहल हवे । घटना के बाद स्कार्पियो सवार लोग फरार हो गईले ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *