BREAKING NEWS
Search

कुचायकोट प्रखंड के सिरिसिया पंचायत के मिठुआ गांव में हनुमान प्राण प्रतिष्ठा यज्ञ खातिर निकालल गइल कलश यात्रा

कुचायकोट (राकेश कुमार सिंह):-कुचायकोट प्रखंड के सिरिसिया पंचायत के मिठुआ में तीन दिन के हनुमान प्राण प्रतिष्ठा महायज्ञ के लेके शनिवार के बहुत ही धूमधाम से कलश यात्रा निकालल गइल ह। जइमे 501 कलश महिला लो अउरी कुंवार लइकिंन माथे पर लेकर शामिल भइल रहलो।
कलश यात्रा के उद्धघाटन जिला परिषद अध्यक्ष मुकेश पांडेय,सिरिसिया पंचायत के फैक्स अध्यक्ष विजय प्रताप सिंह उर्फ छोटे बाबू,समाज सेवी सत्येंद्र सिंह,शान्तनु सिंह उर्फ प्रिंस सिंह मिल के कइल हलो।
कलश यात्रा में गीत मंगल ले साथे यज्ञ मंडप शुरू भइल ह जवन पूरा गाँव गुमला के बाद नेशनल हाइवे के दाहा नदी में पहिचल ह जहवाँ पण्डित विद्द्यानंद पांडेय अउरी अलखदेव ओझा मिल के मत्र पढ़ल हलो तब कलश में जल भराइल ह।
ओकरा बाद कलश यात्रा के गुमावला के बाद कलश यज्ञ मंडप तक पहुचल ह तब कलश के स्थापित कइल गइल ह। कलश यात्रा के बेरा श्रद्धालु लो जय श्री राम,जय हनुमान के जयकारा से पूरा जगह गुज गइल रहल।
मौका पर यज्ञ करता संजय राम,जितेंद्र राम,सोनू राम,बबन राम,प्रेम राम,राजू सिंह,चंद्रेदेव बैठा सहित बहुत लोग श्रद्धालु लोग मौजूद रहल लो।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *