BREAKING NEWS
Search

देशभर में 24 घंटा में कोरोना के 3900 से ज्यादा केस, देशभर में 195 लोग के भइल मौत

नई दिल्ली :- कोरोना वायरस संक्रमण के  24 घंटा  में अब तक के  सबसे ज्यादा केस 3,900 मामला देश भर से सामने आईल बा । मंगलवार के  आयोजित नियमित प्रेस कॉन्फ्रेंस के दौरान स्वास्थ्य मंत्रालय के संयुक्त सचिव लव अग्रवाल बतवले  कि पिछलका  24 घंटा  के दौरान कोरोना के सबसे ज्यादा केस देशभर में  आइल बा जबकि मौत के भी संख्या सबसे ज्यादा बा । लव अग्रवाल आगे कहले कि ऐह  दौरान 195 लोग के जान गईल बा । साथ ही उ इहो बतवले  कि कोरोना के  रिकवरी रेट बढ़ के  27.41 फीसदी हो गइल बा  ।

स्वास्थ्य मंत्रालय के मुताबिक, ऐह नया मामला के आइला के बाद अब देश में कोरोना संक्रमित लोग के  कुल संख्या बढ़ के  46,433 हो गईल । जइमें 32,138 एक्टिव केस बा , 12727 लोग के  ठीक कर उनकरा लोग के घरे भेजल जा चुकल बा जबकि 1568 लोग के एहिसे  मौत हो चुकल बा ।एने गृह मंत्रालय द्वारा कहल गइल  कि सरकार विदेश में फंसल  भारतीय लोग के वापस बोलावे के तैयारी कर रहल बा । उनकरा लोग के ले आवे के प्रक्रिया 7 मई से शुरू होइ । विदेश से आइल ऐह सगरी लोग के 14 दिन तक क्वारनटीन में रहे के पड़ी । 




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *