BREAKING NEWS
Search

नेशनल प्रेस यूनियन के गोपालगंज के जिलाध्यक्ष बनले अरबिंद कुमार सिंह , सोशल मिडिया पर लागल बधाई के ताता

गोपालगंज/पटना। ।नेशनल प्रेस यूनियन के बिहार इकाई द्वारा  गोपालगंज जिलाध्यक्ष के  घोषणा कर दीहल गइल  । नेशनल प्रेस यूनियन के प्रदेश मीडिया प्रभारी चन्द्रहाश कुमार शर्मा  बतवले की यूनियन के राष्ट्रीय अध्यक्ष अजय दूबे जी के  पूर्ण सहमति के बाद से प्रदेश अध्यक्ष शैलेश कुमार पांडेय औरी प्रदेश महासचिव आशीष कुमार त्रिवेदी द्वारा गोपालगंज जिला के हथुआ प्रखंड के रतनचक निवासी व पत्रकारिता के क्षेत्र में दस वर्ष से जमल न्यूज सबकी पसंद दैनिक अख़बार  के गोपालगंज ब्यूरो चीफ  अरविंद कुमार सिंह के  नेशनल प्रेस यूनियन के  जिलाध्यक्ष मनोनीत कइल गइल ।  रउरा लोग के बता दिहल जाव की नेशनल प्रेस यूनियन प्रदेश से लेके जिला स्तर  तक आपन  सांगठनिक ढांचा तैयार कर रहल बा I यूनियन में पत्रकार लोग के साथे काफी संख्या में साहित्यकार / कलाकार / कवि लोग जुड़ रहल बा। नेशनल प्रेस यूनियन के राष्ट्रीय अध्यक्ष अजय दूबे  द्वारा जबसे भोजपुरिया बयार के संपादक शैलेश कुमार पांडेय के  प्रदेश अध्यक्ष के जिम्मेवारी दिहल गइल बा तबसे बिहार भर में संगठन विस्तार के काम काफी तेजी के साथे चल रहल बा । बहरहाल, गोपालगंज के नवनियुक्त जिलाध्यक्ष अरबिंद कुमार सिंह के   प्रदेश अध्यक्ष शैलेश कुमार पांडेय पत्र के माध्यम से  निर्देश देहले बाड़े की गोपालगंज में जिला स्तर से लेके प्रखंड स्तर के सगरी कमेटी के निर्माण जल्दी से कर देबे के बा अरबिंद कुमार सिंह द्वारा जिला स्तर से लेके प्रखंड स्तर पर जवन कमेटी बनावल जाई ओहिमे  दुगो  उपाध्यक्ष, एक संयोजक, एक सचिव, एक महासचिव, एक मीडिया प्रभारी के साथे एक कोषाध्यक्ष मनोनीत करे के बा । प्रदेश अध्यक्ष शैलेश कुमार पांडेय द्वारा जवन पत्र जारी कइल गइल बा ओहिमे स्पष्ट रूप से इ बात लिखल गइल बा । एने गोपालगंज से अरविंद कुमार सिंह के जिलाध्यक्ष बनला के बाद से सोशल मिडिया पर बधाई के तांता लागल बा बधाई देबे वाला लोग में राष्ट्रीय अध्यक्ष अजय दूबे, प्रदेश अध्यक्ष शैलेश कुमार पांडेय, प्रदेश महासचिव आशीष कुमार त्रिवेदी,  शैलेन्द्र प्रताप शाही , अकबर हुसैन , न्यूज़ सबकी पसन्द  प्रधान संपादक फ़ातमुन निशा, उप संपादक नूर सलाम, सलाहकार संपादक सुधीर कुमार मिश्रा, भोजपुरिया बयार के बिहार ब्यूरो चीफ सतेंद्र कुमार सिंह,राज पांडेय , कुमार संतोष श्रीवास्तव, मानवेन्द्र मिश्रा, राजकुमार गुप्ता , विशाल शाही, शक्ति सिंह, कला प्रकोष्ठ के प्रदेश अध्यक्ष लोकगायक नागेंद्र उजाला, राज तिवारी, रंजन उपध्याय , अनुराग पांडेय , जितेंद्र कुमार पाठक, प्रदीप शर्मा, प्रेम प्रकाश तिवारी बब्लू, उमेश शर्मा व अरविंद सिंह, अरुण कुमार मिश्रा, आयुष शाही, मुकेश राज, शैलेश कुमार तिवारी, आशुतोष तिवारी, अरुण कुमार मिश्रा, सुनील कुमार गुप्ता व अरविंद कुमार सिंह , सुनील कुमार , रविन्द्र कुमार , मो. फिरोज आलम , बलराम सिंह , राकेश कुमार सिंह मासूम अल्ली , दीपक कुमार सिंह आदि पत्रकार लोग बधाई दे रहल बा ।



Avatar


Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *