BREAKING NEWS
Search

लॉकडाउन के लेके सरकार के बड़ा फैसला, बिहार में खुली अब मोबाइल-कंप्यूटर के दुकान

पटना  लॉकडाउन के लेके सरकार के बड़हन फैसला आ गइल बा । अब बिहार में कुछ शर्त के साथे  गुरुवार से कई तरह के  दुकान खोलल जाई । केंद्र के आदेश के आलोक में बिहार सरकार  भी आदेश जारी कइले बा । सरकार बुधवार के  लॉकडाउन-3 के दोसरका  एडवाइजरी जारी कर देहले बा । मोबाइल औरी  कंप्यूटर पार्ट्स बिक्री व मरम्मत के  दुकान के खोले के  छूट दीहल  गईल बा  । गृह विभाग के सचिव सगरी डीएम औरी एसएसपी-एसपी के  आदेश जारी कर देहले बाड़े । सगरी  दुकान सबेरे सात से शाम सात बजे तक खुलल रही ।जारी आदेश के अनुसार, इलेक्ट्रिक व इलेक्ट्रॉनिक्स के  रिटेल व होलसेल दुकान भी खुलल रही । एकरा साथ पुलिसिया सख्ती में थोड़ा  ढील मिली , लेकिन दुकान  के खोले  में शारीरिक दूरी के  पूर्णतया पालन सुनिश्चित करे के होई । एकरा  साथ ही गर्मी में अब पंखा, कूलर, एसी के बिक्री औरी  मरम्मत के  दुकान खोले के  छूट दीहल  गईल बा ।जानकारी के अनुसार, ऑटोमोबाइल, टायर, मोटर गैरेज, कार, बाइक मरम्मत के  दुकान के खोले के अनुमति भी दे दीहल  गईल। ऑटोमोबाइल, स्पेयर पार्ट्स के  दुकान एक-एक दिन के अंतराल पर खुली । जबकि , गैरेज औरी  वर्कशॉप प्रतिदिन खोले के  अनुमति दीहल  गईल बा ।एही  तरह, हाई सिक्योरिटी नंबर प्लेट के  दुकान प्रमंडल स्तर के शहर  में दु  औरी  जिला  में एक दुकान प्रतिदिन खुलल रही । एही तरह प्रदूषण जांच केंद्र के  खोले के  छूट दीहल  गईल बा  । हालांकि जिलाधिकारी लोग के इ सब  अधिकार दिहल गइल बा कि वे भीड़ के  कम करे खातिर  दुकान के खोले वाला समय संबधित जिला के डीएम तय कर सकत बाड़े । दुकानन के खोले खातिर अलग-अलग दिन भी निर्धारित कइल  जा सकत बा ।

हार्डवेयर दुकान के  भी छूट

निर्माण सामग्री के भंडारण एवं बिक्री से संबंधित दुकान, प्रतिष्ठान, सीमेंट, स्टील, बालू, स्टोन, गिट्टी, ईंट, प्लास्टिक पाइप, सैनिटराी फिटिंग, लोहा, पेंट, शटङ्क्षरग के  सामग्री से संबंधित थोक व खुदरा दुकान भी खुलल रही । सगरी  दुकान खातिर समय के निर्धारण भी कर दिहल गइल बा। सगरी  दुकान सबेरे सात से शाम सात बजे तक खुलल रही ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *