BREAKING NEWS
Search

गोपालगंज जिला के कुचायकोट औरी बरौली से छः अपराधी भइले गिरफ्तार

गोपालगंज :- जिला में अचानक बढ़ल अपराधिक घटना के लेके पुलिस अलर्ट हो चुकल बा . जिला के पुलिस कप्तान मनोज तिवारी के निर्देश के बाद से पुलिस द्वारा सघन छापेमारी अभियान चलावल जा रहल बा . एही बिच कुचायकोट पुलिस गुप्त सुचना के आधार पर तिनगो अपराधीयन के रंगे हाथे पिस्टल औरी कारतूस के साथे गिरफ्तारी कइले बा . एही तरह बरौली थाना के पुलिस भी लुट के घटना के अंजाम देत तिनगो अपराधियन के गिरफ्तार कइले बा . जहवा दुगो अपराधियन के साथे चोरी के मोटरसाईकिल भी बरामद कइल गइल बा . गोपालगंज के सदर एसडीपीओ प्रेस कांफ्रेंस में जानकारी देत बतवले की कुचायकोट थाना से जवन तिनगो अपराधियन के गिरफ्तारी भइल बा ओहिमे 1.बीरबल प्रसाद पिता हरिलाल प्रसाद 2. पंकज पांडेय , पिता – स्वर्गीय ध्रूपदेव पांडेय 3. बुलेट यादव , पिता – चन्द्रिका चौधरी सगरी लोग वृत बेलवा गांव के निवासी बतावल गइल बा . ऐह तिनु अपराधियन के पास से कुचायकोट पुलिस एगो पिस्टल के साथे छः गोली , तिनगो मोबाइल , एगो चाकू के साथे एगो मोटरसाईकिल बरामद कइले बा . ओने बरौली थाना के पुलिस भी तिनगो अपराधियन के लूटपाट के घटना के अंजाम देत में गिरफ्तार कइले बा . एहिमे एगो अपराधी के पुलिस मौका पर ही दबोच लेहुए जबकि दुगो अपराधियन के पुलिस गाड़ी से पीछा कर के पकड़ लेहुए . बरौली थाना के पुलिस जवना अपराधियन के गिरफ्तारी कइले बा ओहिमे 1. विशाल चौबे , पिता – संजय चौबे , ग्राम – जकहा , थाना – बरौली . 2. अनिश राम पिता मोहन राम , ग्राम – सोनवर्षा हरिजन टोली 3. नितेश यादव उर्फ़ ललक पिता किशुन चौधरी , ग्राम – सोनवर्षा अलापुर तिनु अपराधियन के  थाना – बरौली जिला गोपालगंज बतावल गइल बाड़े . ऐह तिनु अपराधियन के लगे से पुलिस एगो चोरी के मोटरसाईकिल के साथे एगो चाक़ू औरी दुगो मोबाइल भी बरामद कइले बा . गोपालगंज के सदर एसडीपीओ नरेश कुमार पसवान  बतवले की पुलिस कप्तान के निर्देश पर पूरा जिला भर में अपराधियन के गिरफ्तारी करे खातिर लगतार छापेमारी अभियान चलावल जा रहल बा . अपराधी कवनो हालत में बक्सल ना जइहे .

देखी वीडियो



Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *