BREAKING NEWS
Search

गोपालगंज जिला के हथुआ औरी पंचदेवरी प्रखंड से मिलले एक -एक कोरोना संक्रमित , जिला में कुल कोरोना संक्रमित मरीज के संख्या पहुंचल- 5

गोपालगंज /हथुआ /पंचदेवरी:- जइसे – जइसे प्रवासी बिहारी लोग पहुंच रहल बा ओहिसे- ओहिसे कोरोना संक्रमित मरीज लोग के संख्या लगतार बढ़ रहल बा। गोपालगंज जिला के अगर बात करी त दुगो विजयीपुर प्रखंड सहित एगो पहिले के एक्टिव केस लेके कुल कोरोना संक्रमित मरीज लोग के संख्या 5 पहुँच चुकल बा। आज मंगलवार के हथुआ प्रखंड के फतेहपुर पंचायत के दीघा गाँव से एगो मरीज मिलल बाड़े । हथुआ अनुमंडल चिकित्सा पदाधिकारी रमेश राम बतवले की हथुआ प्रखंड के फतेहपुर पंचायत के दीघा गाँव से कोरोना संक्रमित मरीज मिलल बाड़े। इनकर उम्र 45 साल के बतावल जा रहल बा । एक सप्ताह पहिले उ महाराष्ट्र से आईल रहले ह । जबकि ओने पंचदेवरी प्रखंड के पंचदेवरी बाजार से एगो कोरोना संक्रमित मरीज मिलल बाड़े । दुनु गाँव से तीन किलोमीटर के एरिया सील करे खातिर प्रशासनिक तैयारी शुरू कर दिहल गईल बा ।

पंचदेवरी बाजार के हरीजन बस्ती में कोरोना के शाकारात्मक मरीज मिलला से प्रखण्ड में हड़कम्प!

पंचदेवरी/कटेया:-
गोपालगज जिला-अन्तर्गत कटेया थाना के पंचदेवरी प्रखंड के पंचदेवरी हरीजन बस्ती में एगो 40 वर्षीय कोरोना संक्रमण के साकारात्मक लक्षणवाला मरीज पावल गईल बाडे। संक्रमित मरीज पंचदेवरी प्रखंड के पंचदेवरी हरीजन बस्ती के लक्ष्मी राम के छोट बेटा मंजीत राम उम्र-लगभग 40 वर्ष बाडे। रउरा सबके बता दिहल जाव की मंजीत के पांच दिन से प्रखंड के जमुनहा बाजार स्थित हाइ स्कूल (कोरोना सेन्टर) में बीडीओ श्री आनन्द कुमार बिभूति के द्वारा दिल्ली से आइला के सूचना के आधार पर उनके कोरोंटाइन कर के सेम्पल जाँच ख़ातिर भेजल गईल रहल ह, जवना के जांच परिणाम आज दुपहरिया से सकारात्मक अईला के बाद से ही पूरा प्रखण्ड में हड़कम्प मच गईल बा।



Avatar


Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *