BREAKING NEWS
Search

मंगलवार के बिहार में मिलले 34 नया कोरोना के मरीज , कुल संख्या 800 पार

पटना :- बिहार में आज मंगलवार के कोरोना संक्रमित मरीज लोग के  संख्या 800 के पार चल गईल. बिहार में मंगलवार  के सबसे ज्यादा 34 मामला  दर्ज हो चुकल बा . एही  के साथे  बिहार में कोरोना संक्रमित लोग के कुल संख्या 801 पर पहुंच गईल . स्वास्थ्य विभाग द्वारा एकर  पुष्टि कइल गइल .नया  मिलल  मामला  में रोहतास में 13, खगड़िया में 11, मधुबनी में 3, गोपालगंज में 2, पूर्णिया, सारण, सिवान, भागलपुर औरी  पटना में 1-1 मामला  मिलल बा  . रउरा लोग के बता दिहल जाव कि, राज्य में अब तक 382 कोरोना के मरीज ठीक हो चुकल बाड़े . ओने  37 जिला  में अबतक कोरोना के  संक्रमण पहुंच चुकल बा  औरी  6 लोग  अब तक मौत हो चुकल बा . ओने , स्वास्थ्य विभाग के आकडा  के मुताबिक, राज्य में सबसे अधिक 115 मामला  मुंगेर जिला  में सामने आइल बा  . जबकि, पटना में 73, बक्सर में 56, नालंदा में 51, रोहतास में 72 औरी  सीवान में 34 मामला  प्रकाश में आइल बा .

एकरा  अलावा कैमूर में 32, गोपालगंज में 22 मरीज, भोजपुर से 20, भागलपुर में 26, बेगूसराय में 40, मधुबनी में 29, खगड़िया में 16 मामला , औरंगाबाद में 15, पश्चिमी चंपारण में 11, पूर्वी चंपारण में 14, नवादा में 13, सारण औरी  सहरसा में 10 मामला , किशनगंज, समस्तीपुर औरी  मुजफ्फरपुर में 9-9, शेखपुरा औरी  गया में 8, अरवल में 11 मामला , सीतामढ़ी में 7 मामला  मिलल बा .एकरा  अलावा दरभंगा व कटिहार में 16-16, जहानाबाद में 5, बांका में 7, वैशाली, अररिया, लखीसराय में 4-4, शिवहर में 3, मधेपुरा में 9, पूर्णियां और सुपौल में 4 मामला मिलल चुकल बा .




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *