BREAKING NEWS
Search

लाँकडाउन के लेके कुचायकोट पुलिस सख्त , बिना पास के बाइक चलावे वाला से लिहल गइल जुर्बाना

        गोपालगंज/ कुचाइकोट :- प्रखंड के कुचाइकोट थाना क्षेत्र के जलालपुर राजेन्द्र चौक पे लाॅकडाउन के उल्लंघन करे वाला से कुचाइकोट थाना के साहेब महेन्द्र प्रसाद के कहला पर बिना परमिट अउरी अबैध रूप से बाइक चलावे वाला से 2000 रूपया के चलान कटाईल। जेइमे चार गो बाइक बा, ओहीमे एगो नाया बाइक बिना नम्बर प्लेट के अउरी एगो उत्तर प्रदेश के अउरी दु गो बिहार के रहे। बाइक चलावे वाला लोग से जुरमाना लियाईल।अउरी ऐ सब लोगन के ई बात बतावल गईल कि लाॅक डाउन में अपना घर में रही लोगीन। ऐईसे त तहरे लोग के फाऐदा बा। मास्क के बिना घर से बहरी मत निकलअ लोगीन। नाही त कोरोना रोग बहुत खराब बा। ई महामारी ह ऐकरा से बचल बहुत जरूरी बा। काहे की ऐकर ईलाज चाहे दवाई अभी नइखे बनल। जवना के चलते खतरा बहुत भारी बा बाबु लोगीन समझ में आईल। ऐही से सावधानी अउरी सफाई बहुत जरूरी बा। ऐहीमें सबकर भलाईबा।



Avatar


Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *