BREAKING NEWS
Search

गोपालगंज जिला में अभी तक घरे लौट चुकल बाड़े 6307 प्रवासी मजदूर , 1614 लोग के मिलल काम

गोपालगंज : लॉकडाउन के दौरान देश के दोसरा  राज्य से जिला  में प्रवासी श्रमिक लोग  के आवे  के सिलसिला जारी बा । प्रशासनिक आंकड़ा  के अनुसार अबतक 6307 प्रवासी दोसरा  प्रांत से घरे  लौट चुकल बाड़े । एहिमे से कई लोग के पास जॉब कार्ड तक ना रहे। अइसे  में अपना  गृह जिला  में लौटला  के बाद काम मांगे वाला प्रवासी मजदूर लोग के जॉब कार्ड उपलब्ध करावे के  कवायद शुरू कर दिहल गइल । अभी तक एहिमे से 1614 लोग के  मनरेगा के तहत अबतक काम उपलब्ध करावल गइल बा ।देश में लॉकडाउन लागू भइला  के बाद प्रवासी लोग  के घरे लौटे के कार्य अपैल माह के दूसरका  सप्ताह से प्रारंभ हो गइल रहे । पूरा  अप्रैल माह के  अवधि में गुजरात, पंजाब, हरियाणा, मध्यप्रदेश, राजस्थान, महाराष्ट्र व उत्तरप्रदेश जइसन  राज्य मे काम करे खातिर गइल  6307 प्रवासी मजदूर अपना  घरे  लौटल बाड़े । प्रशासनिक आंकड़ा  के अनुसार घरे  लौटला  के बाद ऐह सगरी  प्रवासी लोग के शुरू में 14 दिन के क्वारंटाइन में राखल गइल रहल हवे । अब मजदूर लोग के एहिजा से बाहर निकलला  के बाद इनकरा लोग के  काम के  चिता सतावे लागल बा । एही बीच सरकार  मनरेगा के तहत काम करे के  मंजूरी देत अइसन  लोग के  घर पर ही काम उपलब्ध करावे के  निर्देश जारी कइले बा । लेकिन कईगो  प्रवासी मजदूर लोग  के पास जॉबकार्ड के  उपलब्धता एगो  बड़हन  समस्या बन के  सामने आवे लागल बा । प्रशासनिक स्तर पर इनकरा लोग के  जॉबकार्ड उपलब्ध करावे  कवायद शुरू कर दिहल  गईल बा । जिला  के सिधवलिया प्रखंड के छोड़ के  शेष 13 प्रखंड में 514 लोग के  नया जॉबकार्ड उपलब्ध करावल गइल बा। लौटे वाला  मजदूर लोग में एक हजार से अधिक लोग के लगे पहिले से  जॉबकार्ड मौजूद रहला के चलते एहिमे से 1614 लोग के  मनरेगा के तहत काम उपलब्ध करावल गइल बा ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *