BREAKING NEWS
Search

गोपालगंज के बलथरी चेक पोस्ट के बिहार के डीजीपी गुप्तेश्वर पांडेय कइले निरिक्षण

गोपालगंज :- बिहार के डीजीपी गुप्तेश्वर पाण्डेय शुक्रवार के  बलथरी चेकपोस्ट  के निरीक्षण कइले । निरीक्षण के क्रम में डीजीपी  बलथरी चेकपोस्ट पर हजारों के  संख्या में पहुंच रहल प्रवासी लोग के सुरक्षा औरी  कानून व्यवस्था के लेके  आवश्यक जानकारी लेहले । डीजीपी  चेक पोस्ट पर बनावल गइल  पुलिस बूथ पर प्रतिनियुक्त कइल गइल  कर्मी लोग के  बारे में भी एसपी मनोज तिवारी से जानकारी लेहले  ।ऐह दौरान उ पदाधिकारी लोग के निर्देश देहले कि चेक पोस्ट पर पहुंचे वाला प्रवासी लोग के  सुरक्षा के पूरा ख्याल राखे के बा ऐह बात के ध्यान देबे के बा की केहू के कवनो परेशानी ना होखो । निरीक्षण के उपरांत पत्रकार लोग  से बातचीत करत  डीजीपी  कहले कि बिहार के 12 करोड़ जनता के सहयोग से ही हमनी के  करोना जईसन  महामारी के  पराजित कर सकत बानी जा  ।डीजीपी के द्वारा कहल गइल   कि बिहार के  जनता ऐ महामारी के लेके जारी लॉक डाउन में जवना  तरह के सहयोग कईले बा ओहिसे हमरा पूरा विश्वास बा  कि हम ऐह  लड़ाई के  अवश्य जीतब  । डीजीपी आगे कहले  कि करोना महामारी के खिलाफ लड़ाई में पुलिस  के एक-एक  जवान योद्धा के रूप में लड़ रहल बाड़े  ।ऐह  लड़ाई में जवना  तरह  से पुलिस बल  आपन योगदान  देहले बा ओहि पर हमरा पूरा गर्व बा ।आवे  वाला  समय में जवन  भी चुनौती  प्रदेश के सामने आई ओकरा खातिर  पुलिस बल के  एक जवान परिस्थिति से लड़े खातिर तैयार रहिए ।डीजीपी आगे कहले  कि बलथरी चेकपोस्ट पर ज्यादा संख्या में कामगार लोग  के पहुंचला  से कुछ समस्या आईल बा जवना के  समाधान बहुत जल्द निकाल लिहल जाई । डीजीपी के निरीक्षण के दौरान चेकपोस्ट पर डीएम अरशद अजीज, एसपी मनोज कुमार तिवारी ,एसडीपीओ नरेश पासवान ,एसडीओ सदर उपेंद्र कुमार पाल समेत जिला  के आला पदाधिकारी मौजूद रहले ।

वीडियो में देखी पूरा रिपोर्ट



Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *