BREAKING NEWS
Search

कोरोना जइसन महामारी में काम ना मिलला के चलते,भुखमरी के शिकार हो रहल बा कईगो परिवार

कटेया/डॉ.रामकिशोर राम
कोरोना जइसन महामारी में काम ना मिलला के चलते,कईगो परिवार भुखमरी के शिकार हो रहल बा। ई कोरोना इन्सान के संगे-संगे गरीब,रोजगरिहा,श्रर्मीक के ऊपर भी आपन प्रकोप देखा रहल बा, गांव-जवार के स्थिति ई बा की छोटहन किसान,निजी कल कारखाना में काम करेवाला से लेके दोसरा तीसरा किहां काम करेवाला मजदूर आ छोटहन ब्यवसायी जे ओही पर आश्रित बा,ओकर स्थिति काफी कमजोर हो रहल बा,अइसने एगो घटना कटेया प्रखण्ड के सरकरही गांव मे देखे के मिल रहल बा जहवा एगो परिवार कोरोना के बीमारी से त ना लेकिन एह महामारी के शिकार जरूर हो रहल बा, कारण की आज से छव महीना पहिले ,दीनदयाल राम पिता बुधु राम अपना घर के छव गो बेटा बेटी आ अपना पत्नी के जीविका चलावे खातीर अपना रोजी -रोटी के तलास में तेलगांना गईल रहले,उहां कुछ दिन मजदूरी कईले,तबतक ले कोरोना जइसन महामारी में लाकडॉउन के चलते 13 मई के 10 बजे दिन में कईसहु अपना घरे त पहुँच गईले, लेकीन अपना संगे-संगे अपना परिवार के ख्याल रखते हुए सरकारी आदेश के पालन कइले आ 21दिन खातीर कोरोनटाईन सेन्टर में चल गईले, एने पूरा परिवार के खइला बिना बुरा हाल बा,ना कवनो सरकारी सहायता मिल रहल बा, ना केहू जनप्रतिनिधि उनका बारे में पूछे वाला बा, अगर इहे हालात रहल त ना जाने अइसन कयगो परिवार भुखमरी के शिकार हो जाई,अइसे में साशन-प्रशासन आ जनप्रतिनिधि लोग के आगे आके जरूरतमंद लोग के जरूरत के जरूर पूरा करे के चाही।



Avatar


Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *