BREAKING NEWS
Search

औरैया में भीषण सड़क हादसा: गोरखपुर जा रहल 23 मजदूर लोग के दर्दनाक मौत, 35 घायल

औरैया. कोरोना वायरस के बढ़ रहल  संक्रमण के रोके खातिर रोकने देशभर में लॉकडाउन जारी  बा . एही बिच  अलग अलग राज्य में रोजी – रोटी के तलाश में गइल  मजदूर लोग  सड़क के रास्ते ही अपना – अपना घरे लौट रहल बा . लेकिन एही  बीच सड़क हादसा के खबर भी लगतार आ रहल बा देखल जाव त हर रोज सड़क दुर्घटना में मजदूर लोग के मौत हो रहल बा . शनिवार के सबेरे भइल मौत सगरी लोग के दिल दहला देले बा  . हाल ही में मध्य प्रदेश के गुना में भइल  भीषण सड़क हादसा  के बाद अब यूपी के औरैया में शनिवार के सबेरे  भीषण सड़क हादसा सामने आइल बा . जहां फरीदाबाद से 81 मजदूर लोग के लेके आ रहल ट्राला में डीसीएम  टक्कर मार देहुए . ऐह  हादसा  में 23 मजदूर लोग के  मौका  पर ही मौत हो गईल , जबकि 35 लोग गंभीर रूप से घायल हो गइले .घटना के बारे में बतावल  जा रहल बा कि इ  सगरी  मजदूर फरीदाबाद से  गोरखपुर जात रहुअन  सूचना मिलला  पर मौका  पर डीएम और एसपी समेत कईगो  थाना  के पुलिस  फ़ोर्स मौजूद बा . डीएम के मुताबिक सगरी  20 घायल लोग के  इलाज के खातिर  जिला अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा  .  औरैया के सीएमओ द्वारा   23 लोग के  मौत के  पुष्टि कइल गइल बा  . डीएम अभिषेक सिंह  द्वारा बतावल गइल  कि 15 लोग के  सैफई मेडिकल कालेज में भर्ती करावल गइल बा . जहां घायल लोग के  हालत नाजुक बनल बा .घटना शहर कोतवाली क्षेत्र के मिहौली नेशनल हाईवे के पर भइल बा .




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *