BREAKING NEWS
Search

भोजपुरी गाना ‘बिस्कुट डुबाके’ में धमाल मचा रहल बा खेसारी लाल यादव औरी स्मृति सिन्हा के जोड़ी

भोजपुरी इंडस्‍ट्री की सबसे धाकड़ जोड़ी सुपरस्‍टार खेसरीलाल यादव  औरी  स्मृति सिन्हा के एगो रोमांटिक गाना वायरल हो रहल बा. गाना  के बोल बा  ‘बिस्कुट डुबाके’  जवना के  जी म्‍यूजिक भोजपुरी के यूट्यूब चैनल पर रिलीज कइल गइल बा . हालांकि देशभर में कोरोना संकट की वजह से लॉकडाउन चल रहल बा .  जवना के चलते में भारतीय फिल्‍म उद्योग भी पूरी तरह से ठप्‍प पड़ल बा . खेसारीलाल यादव  अपना ऐह नया गाना के  बेहतरीन बतवले बाड़े  .भोजपुरी गाना ‘बिस्कुट डुबाके’  के  वीडियो यूट्यूब पर दर्शक लोग के बीच काफी पसंदीदा सॉन्ग बन चुकल बा . गाना  के वीडियो में खेसारी लाल यादव औरी  स्मृति सिन्हा के जोड़ी  रोमांटिक अंदाज में देखावल गइल बा . गाना के अपना आवाज से सजावे में  प्रियंका सिंह औरी  खेसारी लाल यादव बाड़े . गाना  के बोल आजाद सिंह  लिखले बाड़े  . गाना के संगीत ओम झा तैयार कईले बाड़े .




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *