BREAKING NEWS
Search

पंचदेवरी में चारगो अउरी कोरोना साकारात्मक मरीज मिलला के बाद क्षेत्र में दहशत के माहौल

मिथुन कुमार शर्मा
पंचदेवरी/कटेया:-पंचदेवरी में चारगो अउरी कोरोना सकरात्मक मरीज मिलला के बाद चारो तरफ दहसती माहौल बन गईल बा रउरा सब से बता दिहल जाव की 12 मई के गोपालगज जिला-अन्तर्गत कटेया थाना के पंचदेवरी प्रखंड के पंचदेवरी हरीजन बस्ती में एगो 40 वर्षीय कोरोना संक्रमण के साकारात्मक लक्षणवाला मरीज पावल गईल रहले हं संक्रमित मरीज पंचदेवरी प्रखंड के पंचदेवरी हरीजन बस्ती के लक्ष्मी राम के छोट बेटा मंजीत राम उम्र-लगभग 40 वर्ष रहले मंजीत के 7 मई से प्रखंड के जमुनहा बाजार स्थित हाइ स्कूल (कोरोना सेन्टर) में बीडीओ श्री आनन्द कुमार बिभूति के द्वारा दिल्ली से आइला के सूचना के आधार पर उनके कोरोंटाइन कर के सेम्पल जाँच ख़ातिर भेजल गईल रहे जवना के जांच परिणाम 12 मई के सकारात्मक अईला के बाद से ही उनकरा पूरा परिवार के जमुनहा स्थित कोरोनटाइन सेन्टर में रखके 14 मई के सबके सेम्पल पटना भेजल गईल रहल ह,जवना के परिणाम आज आईल ह, जइमे से मंजीत के भाई संजय राम आ भउजाई-पूनम देवी(आंगनवाड़ी सेविका) के सकारात्मक कोरोना परिणाम आईल बा, मंजय राम दिली से अइले आ एक दिन ख़ातिर घरे गइले आ स्नान कइले औरी फेर कोरेण्टाइन सेंटर पर चल गइले,एतने में ही उनकरा परिवार के कुछ सदस्य कोरोना से ग्रसित हो गइले। संगही उनके करीबी गांव सिकटिया सुजान के दुगो औरी लोग के सकारात्मक परिणाम आईल बा जेइमे रघुनाथ कुशवाहा के 30 वर्षिय पुत्र कन्हैया कुशवाहा आ स्वर्गीय भुआल राम के 31 वर्षिय पुत्र दीप्पू राम बाड़े ई दुनो जाना पाँच छः दिन पहिले मुम्बई से आइल रहलहलो इंक़रा लोग के भी जांच परिणाम मंजीत के परिवार वाला लोके साथ ही आइल बा।
अब पंचदेवरी में कुल 5 गो केस हो गईल बा जवना से क्षेत्र में काफी दहसत के माहौल बा।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *