BREAKING NEWS
Search

रिफ़ाइन्ड से लदल ट्रक डुमरिया पुल स्थित गंडक नदी में गिरल , ड्राइवर लापता ,खलासी घायल

गोपालगंज / मुहमदपुर : –  गोपालगंज जिला  के मोहम्मदपुर थाना क्षेत्र के अंतर्गत गंडक नदी पर बनल  काफी पुराना डुमरिया पुल से जा रहल  रिफाइन से भरल  ट्रक पुल के  रेलिंग तोड़ते हुए नीचे जा गिरल  जइमें ट्रक के  खलासी गंभीर रूप से घायल हो गईल बाड़े ओने गाड़ी के चालक लापता बतावल जा रहल बाड़े .  घटना के बारे में बतावल  जा रहल बा  कि कोलकाता से एगो  14  चक्का वाला ट्रक जवना  पर रीफाइन लादल रहुए बिहार के छपरा जात रहुए एही  दौरान मोहम्मदपुर थाना क्षेत्र अंतर्गत डुमरिया पुल पर चालक आपन संतुलन खो देहुअन  औरी  पुल के  रेलिंग तोड़ते हुए ट्रक नदी में जा गिरुए  घटना के  सूचना मिलला  पर मौका  पर पहुंचल  खलासी के  स्थानीय अस्पताल में भर्ती करावल गउए . ओने घटना के बाद से चालक लापता बतावल जा रहल बाड़े . चालक के खोजबीन कइ;ल जा रहल बा . साथ ही घटना के कारण के खोजबीन कइल जा रहल बा . घटना के कारण के पता लगावल जा रहल बा ।

देखी वीडियो



Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *