BREAKING NEWS
Search

गोपालगंज जिला के जलालपुर रेलवे स्टेशन पर ट्रेन से कट के एगो प्रवासी मजदूर के भइल मौत

गोपालगंज : अभी ताजा मामला मंगलवार के सबेरे से ही आ रहल बा जहवा जिला के जलालपुर स्टेशन के पाया नम्बर 410 के पास एगो प्रवासी मजदूर के ट्रेन से कट के मौत हो गईल बा । घटना के बारे में प्राप्त जानकारी के अनुसार सुबह आठ बजे जलालपुर से सुपौल खातिर 1220 प्रवासी मजदूर लोग के लेके ट्रेन खुलल रहुए । एही दौरान एगो प्रवासी मजदूर अचानक ट्रेन के आगे गिर गउअन । जवना के बाद से घटना स्थल पर ही ट्रेन से कट के उनकर मौत हो गउए । घटना के बाद से ओने GRP पुलिस शव के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम करावे खातिर सदर अस्पताल भेज देहले बा . रेल पुलिस पूरा घटना के जाँच में जुटल बा ।मृतक प्रवासी मजदूर कटिहार जिला के रहे वाला बतावल गइल बाड़े I

देखी पूरा वीडियो



Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *