[responsivevoice_button voice=”Hindi Female”]
पटना :बिहार सीनियर लीडर रघुवंश प्रसाद के निधन हो गइल ब. रघुवंश प्रसाद के फेफड़ा में संक्रमण के लेके दिल्ली एम्स में भर्ती रहलहन. लेकिन हालत खराब होखला के बाद रघुवंश प्रसाद सिंह के वेंटिलेटर पर रखा गइल रहल ह.
लेकिन आज सुबह कद्दावर नेता रघुवंश प्रसाद के निधन हो गइल हअ. एकरा पहिले रघुवंश प्रसाद सिंह कोरोना से संक्रमित भईल रहलहन जेकरा बाद उनका के पटना एम्स में भर्ती करावल गइल रहल हअ. कोरोना से जंग जितला के बाद रघुवंश सिंह के फेफड़ा में संक्रमण के शिकायत रहल हअ जेकरा बाद उनका के दिल्ली के एम्स में भर्ती करावल गइल रहल हअ. लेकिन आज रघुवंश प्रसाद सिंह दिल्ली के एम्स में अंतिम सांस लेहलहन. रघुवंश प्रसाद के निधन के बाद बिहार के सियासत में शोक के लहर फइल गईल बा
रघुवंश प्रसाद हाल ही में राजद से इस्तीफा देहले रहलहन. रघुवंश प्रसाद सिंह लगातार पार्टी से खफा चलत रहलहन अउर दिल्ली के एम्स से ही लालू यादव के नाम आपन इस्तीफानामा लिखले रहल हन . जेकरा बाद सियासत गरमा गईल बा. लालू यादव रघुवंश प्रसाद के मानवे खातिर चिट्ठी लिखले रहलहन ।
