BREAKING NEWS
Search

हथुआ के अंबेडकर आवासीय विद्यालय के कोरोनटाइन सेंटर पर बासी भोजन अउरी कुव्यवस्था के लेके ववाल , वीडियो सोशल मिडिया पर भइल वायरल

गोपालगंज / हथुआ :प्रखंड के हथुआ स्थित अंबेडकर आवासीय विद्यालय के कोरोनटाइन सेंटर पर भारी कुव्यवस्था के लेके सोमवार के रात में दर्जनों के संख्या में मजदूर बवाल कइले . हथुआ के ऐह कोरोंनटाइन सेंटर से एगो वीडियो वायरल हो रहल बा जइमें मजदूर लोग कोरोनटाइन सेंटर पर भारी कुव्यवस्था के आरोप लगावत नजर आ रहल बाड़े . कोरोंनटाइन सेंटर के मजदूर लोग बतावल की चार – से पांच दिन के रात वाला भोजन में दिन के बासी भोजन मिला के दिहल जा रहल बा . एहिजा खाना के साथे पिए वाला पानी के भी समुचित व्यवस्था स्थानीय प्रशासन ठीक से नइखे कइल गइल . कोरोनटाइन सेंटर में भर्ती रवि कुमार जवन की मीरगंज के रहे वाला बाड़े उ बतवले की मात्र दस जार पानी में ही पूरा दिन के काम चलावल जा रहल बा . जबकि लगतार चार दिन से रात वाला भोजन में दिन के बासी भोजन मिला के दिहल जा रहल बा . ओने नितीश कुमार मटिहानी नैन के महेश कुमार फतेहपुर टोला दीघा , रामू कुमार गिरी बरवा कपरपूरा , रवि गिरी गौसिया पिपरा , मनोज शाही चैनपुर , हरेन्द्र भगत अटवा दुर्ग के आदि मजदूर लोग द्वारा बतावल गइल की भरी कुव्यवस्था के बिच हमनी के चार से एहिजा रहत बानी जा . इ सगरी मजदूर लोग बतावल की जब हमनी के स्थानीय व्यवस्थापक से व्यवस्था के बारे में शिकायत करत बानी जा तब हमनी के साथे एहिजा गाली गलौज भी कइल जा रहल बा . एगो रूम में बारह आदमी के रखल गइल बा . एहिजा सोशल डिस्टेन्स के खुलेआम खिल्ली उड़ावल जा रहल बा . समय से भोजन उपलब्ध नईखे करवाल जात . नाही एहिजा हमनी के दूध मिलत बा नाही कवनो फल के व्यवस्था कइल गइल बा .प्रवासी मजदूर लोग बतावल की एहिजा  100 के ऊपर प्रवासी  मजदूर राखल गइल बाड़े . पेट में दर्द सहित कवनो छोट – मोट बेमारी पर कवनो दवाई भी नइखे मिलत . जब केहू के सिरियस तबियत खराब होखत बा तब ओकरा के अस्पताल लेके जाईल जाता . कई बार कच्चा खाना ही मजदूर लोग के मिलत बा . कुछ लोग के मास्क मिलल बा त कुछ लोग के नईखे मिलल . शौचालय के बाल्टी से ही नहाए के पड़त बा . ऐह सगरी कुव्यवस्था के लेके दर्जनों मजदूर सोमार के रात में अनशन पर बईठ गइल रहुअन . अनशन के सुचना पर स्थानीय प्रखंड विकास पदाधिकारी रवि कुमार , अंचल पदाधिकारी बिपिन कुमार सिंह सोमवार के रात के करीब दस बजे अम्बेडकर आवासीय विद्यालय के कोरोनटाइन सेंटर पर जाके स्थिति के जायजा लिहल लोग . दुनु पदाधिकारी मौका पर पहुँच के प्रवासी मजदूर लोग के समझा – बुझा के मामला के जाँच करावल लोग .  हलाकि हथुआ प्रखंड विकास पदाधिकारी कोरोनटाइन सेंटर पर कुव्य्स्था के बात से साफा इंकार कइले .

का कहले प्रखंड विकास पदाधिकारी हथुआ

जब भोजपुरिया बयार द्वारा घटना के बारे में हथुआ के बीडीओ रवि कुमार सिंह से जानकारी लिहल गइल तब उ कहले की सगरी चीज अफवाह बा . अम्बेडकर आवसीय विद्यालय पर प्रवासी मजदूर लोग खातिर तय मेनू के अनुसार पूरा व्यवस्था कइल गइल बा .बासी भोजन नइखे दिहल जात . खुद ओहिजा के लड़का लोग के निगरानी के जिम्मेवारी दिहल गइल बा .  हलाकि रात में बीडीओ साहब कोरोनटाइन सेंटर पर गइला के बाद खुदे स्वीकार कइले बाड़े .




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *