BREAKING NEWS
Search

पंचदेवरी के भाटपोइया में लागल आग , दुगो घर जल के भइल राख

गोपालगंज

मिथुन कुमार शर्मा

(पंचदेवरी)- प्रखण्ड के भाटपोइया गाँव मे आग लागला से दुगो घर जल के राख हो गईल,जेइमे जयश्री गुप्ता अउरी परमात्मा गुप्ता के घर बा। परिजन लोग के कई घण्टा मसक्कत कइला के बाद आग पर काबू हो पावल, आग लागला के कारण के अबतक ले कवनो पता नइखे चल पावल।जान-माल के कौनो खतरा नइखे लेकिन लगभग हजारों के सम्पति जल के राख हो गइल बा। पीड़ित परिवार कहले की घर मे आग लागला से घर मे रखल सगरे अनाज,कपड़ा, आ जलावन सब जल के राख होगइल बा जवना के चलते पीड़ित परिवार के लगे जीविका चलावे खातिर एगो बड़ समस्या उतपन्न होगइल बा। अइसन संकट एगो त पहिले से ही कारोना के महामारी से जूझ रहल परिवार के अब सम्पति जलला से अउरी बुरा हाल हो गईल बा।
अबतक ले शासन-प्रशासन के तरफ से पीड़ित परिवार के कवनो प्रकार के सहायता नइखे मील पावल।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *