BREAKING NEWS
Search

गोपालगंज जिला के कटेया थाना के रसौती गाँव में मंदिर के महंथ के गोली मार के हत्या , क्षेत्र में दहशत

गोपालगंज /कटेया :- जिला के कटेया थाना के क्षेत्र के रसौती गाँव के मंदिर के एगो पुजारी के बुधवार के देर रात अज्ञात अपराधी गोली मार के हत्या कर देहले बाड़े . घटना के बारे में बतावल जा रहल बा की कटेया थाना क्षेत्र के रसौती गांव के मंदिर में लगभग दस साल से पुजारी के रूप में भोरे थाना के सीसवा गांव के बशिष्ठ उपाध्याय उम्र 65 साल  रह के पूजा पाठ करत रहले ह . स्थानीय लोग  बतावला के अनुसार बुधवार के रात में अज्ञात अपराधी मंदिर में पहुँच के पुजारी बशिष्ठ उपाध्याय के गोली मार के हत्या कर देहले . मंदिर के पुजारी के हत्या के बाद से पूरा इलाका में सनसनी फइलल बा .घटना के बारे में  स्थानीय लोग के कहला के अनुसार पुजारी के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल बा जबकि घटना स्थल पर कटेया थाना के पुलिस पहुँच के कईगो लाठी डंडा भी बरामद कइले बा  जवन खुन से सनल बा . हत्या के बारे में गोपालगंज के एसपी मनोज कुमार तिवारी बतवले की हत्या के कारण पोस्टमार्टम रिपोर्ट अईला के बाद ही पता चली की गोली मार के हत्या भइल बा की लाठी डंडा से मार के हत्या भइल बा . बाकिर हत्या में जे भी शामिल होई ओकरा के कवनो हालत में बक्सल ना जाई . पुलिस आपन काम कर रहल बा बहुत जल्दी अपराधी गिरफ्तार कर लिहल जइहे . हलाकि घटना के बाद से स्थनीय लोग में काफी आक्रोश देखल गइल बा . स्थानीय लोग घटना के जाँच डांग स्कार्ट टीम से करावे के मांग कर रहल बा . घटना स्थल पर से पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम करावे खातिर भेज देहले बा .

देखी पूरा वीडियो



Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *