BREAKING NEWS
Search

लगातार दूसरका बार राज्यसभा के उपसभापति बनले हरिवंश नारायण सिंह

पटना:एनडीए प्रत्याशी के तौर पर हरिवंश नारायण सिंह लगातार दूसरका बार राज्यसभा में उपसभापति चुनल गइले।एह पद खातिर उनकर मुकाबला विपक्ष के उम्मीदवार मनोज झा से रहल ह। ध्वनि मत से भईल मतदान में हरिवंश ई जीत हासिल कइले।जेडीयू की तरफ से राज्यसभा सदस्य हरिवंश अउर आरजेडी नेता मनोज झा के बीच एह मुकाबला के आगामी बिहार चुनाव से पहिले दिलचस्पी से देखल जा रहल बा।
जगत प्रकाश नड्डा के ओर से हरिवंश के उपसभापति बनावे के प्रस्ताव पेश कइल गइल त विपक्ष के ओर से गुलाम नबी आजाद मनोज झा के नाम के प्रस्ताव रखले।
ढाई दशक से अधिक समय तक ‘प्रभात खबर के प्रधान संपादक रहल हरिवंश के नीतीश जनता दल यूनाइटेड राज्यसभा भेजले । उनका के बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के बेहद करीबी मानल जाला।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *