BREAKING NEWS
Search

बरौली के आठगो कार्यपालक सहायक लोग के नौकरी पर लटकल तलवार

प्रखंड़ व पंचायत कार्यालय में तैनात बाड़े  ऑपरेटर , 20 मार्च से हीं डियूटी से बाड़े  फरार

– बीडीओ के शोकॉज के बाद भी काम पर ना लौटले  प्रखंड़ के इ  कम्पयूटर ऑपरेटर

– वरीय उपसमाहर्ता के निरीक्षण में पावल गइल मनमानी, अधिकारी  जारी कईली  अंतिम चेतावनी

गोपालगंज /बरौली :सरकार के निर्देश के पालन ना कईला पर औरी डियूटी से लगातार गायब रहला  के चलते  बरौली प्रखंड़ व पंचायत कार्यालय में पदस्थापित आठ कार्यपालक सहायक के  नौकरी पर अब तलवार लटक गईल बा । जिला  के वरीय उपसमाहर्ता पिंकी कुमारी ऐह मामला के  गंभीरता से लेत  डियूटी से गायब सहायक लोग के  अंतिम शोकॉज करत 24 घंटा के अंदर डियूटी पर ना अईला पर व जवाब संतोषजनक ना  मिलला के  स्थिति में इनकरा लोग के  कार्य मुक्त करे खातिर जिला पदाधिकारी के  अनुसंशा पत्र भेजे के  चेतावनी देहले बाड़ी । एकरा बारे में बतावल गइल कि वरीय उपसमाहर्ता पिंकी कुमारी शर्मा  पिछलका शनिवार के  जब बरौली के  कमान समरली तब उ सगरी कर्मी लोग के खोजबीन  शुरू कईली  तब इ  कार्यपालक सहायक पिछलका  20 मार्च से हीं डियूटी से गायब मिलले । कार्यालय के पंजी  के निरीक्षण के दौरान इ बात  भी स्पस्ट हो गइल  कि इनकरा लोग के  लगातार गायब रहला  पर बीडीओ कई बार शोकॉज भी कईले बाड़े  लेकिन इनकरा लोग  द्वारा स्पस्टीकरण के ना त कवनो संतोषजनक जवाब दिहल गइल औरी नाही  आठो कार्यपालक सहायक अपना  डियूटी पर हीं लौटले । वरीय उपसमाहर्ता बतवली  की आठु कार्यपालक सहायक लोग के  अंतिम चेतावनी दे दीहल  गईल बा । यदि 24 घंटा  के अंदर इ लोग अपना काम पर ना लौटी तब शोकॉज के  जवाब संतोषजनक ना देहला के आधार पर इनकरा लोग के खिलाफ  कार्रवाई करे खातिर  जिला पदाधिकारी के  अनुसंशा पत्र भेजल जाई।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *