BREAKING NEWS
Search

गोपालगज के कटेया थाना अन्तर्गत रसौती में साधु के बांस से सर फोड़के हत्या , दुगो आरोपी भईले गिरफ्तार

डा. रामकिशोर राम/मिथुन कुमार शर्मा
कटेया/गोपालगज
जिला के कटेया थाना के क्षेत्र के रसौती गाँव के मंदिर के साधु के बुधवार के देर रात में अपराधीयन के द्वारा सरपर बांस से मार के हत्या कर देहल गईल। होत सबेरे एह बात के सूचना मिलते ही पूरा गांव आ जवार के पूरा लोग के भीड़ उमड़ गईल।

गांव-जवार के लोग कइल “खोजी कुत्ता”के मांग।
घटना के सुनते ही गांव के लोग के द्वारा स्थानीय थाना पर सूचना दिहल गईल जवना के सुनते ही वर्तमान थानेदार सुमन कुमार मिश्रा जी अपना दल-बल के संगे घटना स्थल पर पहुँचले,जहाँ काफी लोग मौजूद रहे,घटनास्थल पर उपस्थित लोग के मांग रहल की वरीय-पदाधिकारी लोग के बुलावल जाव आ खोजी कुत्ता मंगा के घटना के बिधवत जाँच करावल जाव, थानाध्यक्ष के द्वारा वरीय पदाधिकारी लोग के उक्त घटना के बारे में बतावल गईल जवना के सुनके तुरन्ते ही हथुआ एसडीपीओ-अशोक कुमार चौधरी, मिरगंज इंस्पेक्टर-सतीश कुमार हिमांशु सहीत भोरे थानाध्यक्ष-जंगो राम के अलावे कईगो थानाध्यक्ष लोग भी घटनास्थल पर पहुँचल,जहाँ पर कुछ स्थानीय लोग से पूछताछ के शक के आधार पर मन्दिर से जुडल दुगो आदमी के पुलिस के उठाके थाना ले गईल गईल।ओकरा बाद खोजी कुत्ता के मंगवा के जाँच करावल गईल, कुत्ता के द्वारा रसौती के ही एगो घर के शिनाख्त कइल गईल जवन घर ओही दुगो आदमी मेसे एगो के रहे जवना के पुलिस उठाके थाना ले गईल रहे। शिनाख्त कइल घर
अजय राय 45 वर्ष पिता उदन राय के बा, जेकरा के पुलिस पहिलही से शक के आधार पर थाना लेजाचुकल रहल।
उदन राय से पुलिस के द्वारा पूछताछ कइल जा रहल बा।

दस वर्ष से कुशल-पूर्वक मठाधीश के रूप में रहत रहले हं साधु बाबा।

का बा हत्या के कारण।
गाँव के कुछ लोग बतवले की साधु बाबा आ अजय राय से गांजा पियला के लेके कई बार रक-झक होत रहल बा।

साधु बाबा मंदिर में लगभग दस साल से मठाधीश के रूप में रहके पूजा-पाठ करत रहले हं, गांव के लोग बतावल की बड़ा ही शान्त स्वभाव आ कुशल बिचार के रहनी ह साधु बाबा।
पैसठ वर्षिय साधु बाबा वशिष्ठ उपाध्याय भोरे थाना के सिसवा गांव के रहले हं निवासी।

घटना के विस्तार पूर्वक जाने ख़ातिर जुडल रहीं “भोजपुरिया बयार” से




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *