BREAKING NEWS
Search

भोजपुरिया बयार स्पेशल : आमने – सामने , बिहार सरकार के समाज कल्याण मंत्री रामसेवक सिंह औरी विशाल शाही के बातचीत

समाज कल्याण मंत्री जी कइनी खुलासा: – हथुआ बजार के मिली अब नगर पंचायत के दर्जा

मीरगंज नगर पंचायत के मिली नगर परिषद के दर्जा

गोपालगंज / हथुआ : भोजपुरिया बयार के स्पेशल कार्यक्रम आमने – सामने के शुरुवात शुक्रवार के 22 मई से भइल . ऐह कार्यक्रम में बिहार सरकार के समाज कल्याण मंत्री श्री रामसेवक सिंह जी से भोजपुरिया बयार के संवाददाता विशाल शाही के द्वारा कैमरामैन डीके यादव के सहयोग विशेष बातचीत कइल गइल . ऐह दौरान समाज कल्याण मंत्री श्री रामसेवक सिंह जी कोरोना महामारी के दौरान बिहार सरकार औरी केंद्र सरकार द्वारा चलावल जा रहल योजना के बारे में विस्तारपूर्वक जानकारी देहनी . मंत्री जी बतवनी की बीस लाख प्रवासी मजदूर लोग के खाता में बिहार सरकार के ओर से एक हजार रूपया भेज दिहल गइल बा . जबकि सरकार द्वारा सगरी राशनकार्ड धारक लोग के तिन महिना तक फ्री राशन दिहल जा रहल बा . नया राशनकार्ड बनावे के काम जोड़ – तोड़ से चल रहल बा . सरकार द्वारा कोरोना सहयता के तहत सगरी राशनकार्डधारी लोग के खाता में एक – एक हजार रूपया भेजल जा रहल बा . प्रवासी मजदूर लोग खातिर प्रखंड स्तर से लेके पंचायत स्तर तक कोरोनटाइन सेंटर बनावल गइल बा . जहवा प्रवासी लोग के खाना के साथे वस्त्र सहित जरूरत के समान बिहार सरकार के ओर से दिहल जा रहल बा . सरकार द्वारा सगरी संबंधित पदाधिकारी लोग के सख्त निर्देश दिहल गइल बा की कवनो कोरोंनटाइन सेंटर पर व्यवस्था में तनको गड़बड़ी के शिकायत ना आवे के चाही . प्रवासी लोग के सुविधा के ख्याल बिहार सरकार द्वारा विशेष रूप से राखल गइल बा . मंत्री जी आगे बतवनी की हमारा प्रयास से हथुआ विधानसभा के मीरगंज के नगर पंचायत के अब नगर परिषद के दर्जा मिले जा रहल बा . जबकि हथुआ अनुमंडल के हथुआ बजार के अब नगर पंचायत के दर्जा मिल जाई . सरकार द्वारा न्याय के साथे विकास के काम हो रहल बा . मंत्री जी भोजपुरिया बयार के माध्यम से पूरा बिहार के लोग से समाजिक दुरी के पालन कर के कोरोना के हरावे के अपील कइनी .

देखी निचे विडिओ में




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *