BREAKING NEWS
Search

विधायक श्याम बहादुर सिंह के गाँव में घुसे पर पाबंदी

सिवान/पचरुखी:बिहार में चुनावी सरगर्मी बढ़ गइल बा,चुनाव नजदीक बा आ लगभग हर राजनीतिक दल द्वारा लगातार कैंडिडेट लोग के सूची जारी कइल जा रहल बा,कई विधानसभा सीट पर नामांकन के कार्य भी शुरू हो गइल बा।एह सब के बीच विधायक प्रत्याशी लोग लगातार क्षेत्र में जनसंपर्क कर रहल बा,तरह-तरह के वादा-आश्वासन से जनता के लुभावे के कोशिश भी जारी बा लेकिन सिटिंग आ सत्ताधारी दल के विधायक लोग के चुनाव प्रचार में कठिनाई के सामना करे के पड़ता काहे कि जनता त पिछला कार्यकाल के ही हिसाब माँगता जवन कि विधायक जी लोग दे नइखे पावत।एही से जुड़ल एगो मामला सिवान जिला के पचरुखी प्रखंड अंतर्गत मखनूपुर पंचायत में देखे के मिलल बा,जहवाँ क्षेत्र में काम ना होखला के कारण नाराज ग्रामीण वर्तमान जदयू विधायक श्याम बहादुर सिंह के आवे पर पाबंदी लगा देहले बाड़े।ग्रामीण लोग के मानी त पिछला 15 साल में विधायक एगो सड़क तक बनवावे में असफल रहल बाड़े,चुनाव के समय नजर आवे जीतला के बाद उनकर दर्शन ले दुलम रहेला,एगो जनप्रतिनिधि होखला के नाते श्याम बहादुर सिंह आपन फर्ज भुला गइल बाड़े एह परिस्थिति में हमनी के सर्वसहमति से गाँव में विधायक जी के प्रवेश आ चुनाव प्रचार पर पाबंदी लगा देहले बानी सन।
रउआ के बता दी कि श्यामबहादुर सिंह पिछला 3 बार से बड़हरिया विधानसभा से जनता दल यूनाइटेड के विधायक बाड़े आ अक्सर अपना बयान के वजह से चर्चा में रहेले,पार्टी एक बार फेर उनका के उम्मीदवार बनवले बा,देखे के बा कि जनता उनका के चौथा बार सदन भेजता कि कवनो नया विकल्प के चुनाव करता।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *