BREAKING NEWS
Search

शनिवार के 120 श्रमिक स्पेशल ट्रेन से बिहार पहुँचले 1.80 लाख श्रमिक ,अब तक 10 लाख से अधिक प्रवासी मजदूर पहुँच चुकल बाड़े बिहार

पटना. दोसरा  राज्य से 120 श्रमिक स्पेशल ट्रेन  के बिहार  पहुंचे के  सिलसिला शनिवार सुबह से शुरु हो गइल बा . ऐह सगरी  ट्रेन के जरिए शनिवार के  1,80,000 से अधिक श्रमिक बिहार पहुंचिहे . श्रमिक स्पेशल ट्रेन के  संख्या में लगातार वृद्धि हो रहल बा . एकर मुख्य  मकसद बा  कि जवन  भी  प्रवासी बिहार आवल  चाहत बाड़े उनकरा लोग के जल्द बोलावल  जा सके. बिहार सरकार के अनुसार जेतने देर तक लोग आवत रही कोरोना के  संक्रमण फइले के  आशंका औरी बढ़ी , एहिसे  ट्रेन के  संख्या में लगातार वृद्धि कइल  जा रहल बा .

अब तक 798 श्रमिक स्पेशल ट्रेन बिहार आ चुकल बा
22 मई तक 678  ट्रेन श्रमिक लोग के लेके बिहार पहुंच चुकल बा  औरी  अगर शनिवार के  आवे वाला 120 ट्रेन के  आकड़ा एहिमे  जोड़ दिहल जाव तब  कुल 798  ट्रेन बिहार पहुंच चुकल बा . यानी ऐह  ट्रेन के ज़रिए अब तक 10 लाख से अधिक प्रवासी मजदूर बिहार आ चुकल बाड़े   औरी  धीरे-धीरे ट्रेन के  तादाद बढ़त  जा रहल बा .

25 लाख से अधिक मज़दूर अइहे  बिहार



एक आंकलन के हिसाब से इ  मानल  जा रहल बा  कि बिहार के बाहर काम करे वाला  प्रवासी मजदूर में से तक़रीबन 25 लाख के  संख्या में प्रवासी मज़दूर बिहार अइहे . बिहार के मुख्यमंत्रीजी इ कह देहले बानी की जवन भी श्रमिक बिहार आवल चाहत बाड़े उनकरा लोग के  बिहार बोला लिहल जाई  . एहिसे   मज़दूर लोग के ले आवे खातिर ट्रेन के  तादाद में लगातार इज़ाफ़ा कइल  जा रहल बा .

अंतर जिला खातिर  चलावल  जा रहल बा  26 ट्रेन
बिहार में हर रोज़ आ रहल  लाखों मजदूर लोग के  देखते हुए राज्य सरकार के आग्रह पर रेलवे 26 पैसेंजर ट्रेन के  परिचालन कर रहल बा .सगरी ट्रेन  मजदूर लोग के लेके  एक जिला  से दोसरा जिला  तक जा रहल बा . अंतर जिला चले वाला ट्रेन में बरौनी, बेतिया, बक्सर, दानापुर, जलालपुर, कर्मनाशा, कटिहार, मधुबनी, सीवान और सुपौल स्टेशन से कईगो जिला खातिर ट्रेन चलावल  जा रहल बा .




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *