BREAKING NEWS
Search

बिहार में शनिवार के एक साथे मिलले कोरोना के 144 नया मरीज, कुल संक्रमित मरीज लोग के संख्या पहुंचल 2300 के पार

पटना. बिहार में कोरोना मरीज लोग  संख्या में लगातार इजाफा हो रहल बा . शनिवार के एक साथे  144 मरीज मिलला  के साथ  ही कुल संक्रमित लोग के  संख्या 2310 हो गईल . स्वास्थ्य विभाग से मिलल  जानकारी के अनुसार अब तक राज्य में कुल 61, 220 सैंपल के  टेस्टिंग भइल बा जइमें  2310 कोरोना पॉजिटिव  पावल गइल बाड़े .  440 सैंपल के  रिपोर्ट आईल   अभी बाकी बा .  हालांकि राहत वाली बात इ बा  कि एहिमे  से 629 मरीज ठीक भी हो गइल बाड़े   जबकि 11 कोरोना संक्रमित लोग के  मौत हो चुकल बा . रउरा लोग के बता दिहल जाव  कि शनिवार के  कुल 179 नया  मरीज के पहचान भइल . एही  तरह बीतल  24 घंटा  के भीतर  323 नया  कोरोना मरीज सामने आईल बाड़े .ऐह आकड़ा  के सामने आईला  के साथ ही बिहार पंजाब के  पीछे छोड़त  कोरोना प्रभावित टॉप 10 राज्य में आपन नाम शामिल कर कर लेहले बा . रउरा लोग के बता दिहल जाव  कि पिछलका  आठ दिन में अधिकतर संक्रमित बाहर से लौटे वाला  प्रवासी मजदूर बाड़े .





Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *