BREAKING NEWS
Search

गया में बंद चेमनी पर छापेमारी के दौरान मिलल हथियार के जखीरा

गया. नक्सली लोग  द्वारा बंद ईंट भट्ठा में छिपा के राखल  गइल  हथियार के  जखीरा बरामद कईल गइकल बा . परैया थाना के तांती गांव स्थित बंद बाबा ईंट भट्ठा पर जिला पुलिस औरी एसएसबी के टीम गुप्त सूचना के आधार पर संयुक्त रुप से कार्रवाई कइलस जइमें  काफी खोजबीन के बाद नक्सली लोग द्वारा   छिपा के राखल गइल हथियार बरामद कइल. जइमें से एगो देसी राइफल,  2 थर्नेट, 2 देसी कट्टा, अलग -अलग बोर के  10 कारतूस औरी नक्सली साहित्य बरामद कइल  गईल .एसएसबी के कोंच कंपनी के प्रभारी लोकेश कुमार  बतवले  कि हथियार के छिपवला  के बारें में गुप्त सूचना एसएसबी के  29वीं बटालियन के कमांडेंट राजेश कुमार के  मिलल रहुए . जवना के  बाद  उप कमांडेट उपेन्द्र कुमार  टीम बनाके  सर्च ऑपरेशन शुरू करे के  निर्देश  देहले रहले. ओकरा  बाद  कार्रवाई कइल  गइल .रउरा लोग के बता दिहल जाव  कि एकरा पहिले  पिछलका  साल भी मिरजाचक ईंट भट्ठा से आईईडी बरामद कइल गइल रहे . अइसन  आशंका बा कि करीब तीन साल से बंद ऐह  ईंट भट्ठा के  प्रयोग नक्सली अपना  सुरक्षित ठिकाना  के रूप में करत रहले ह  . ऐह  हथियार के  प्रयोग लोग के डेरवावे औरी लेवी वसूले  में कइल जात रहे . अईसन  आशंका बा  कि नक्सली एहिजा  रात में आके  छिपत रहेले . ओने , परैया थानाध्यक्ष  कहले  कि भारी मात्रा में हथियार बरामदगी में कवनो  लोग के  गिरफ्तारी नईखे  हो पावल ,पर अज्ञात के खिलाफ मामला दर्ज कर छानबीन कइल  जा रहल बा ।एकरा  साथे  ही अर्धसैनिक बल लोग  के साथे नक्सलीयन  के खिलाफ अभियान  जारी रही .




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *