हथुआ. [responsivevoice_button voice=”Hindi Female”]हथुआ थाना क्षेत्र के खानसामा टोला हनुमान मंदिर के पास एगो अज्ञात स्कार्पियो चैनपुर गाँव के कन्हइया महतो के टक्कर मार के फरार हो गईल । घटना रविवार के शाम करीब छः बजे के बतावल गईल ।स्कार्पियो के चपेट में आईल गंभीर रूप से घायल युवक के हथुआ थाना के एसआई प्रमोद कुमार सिंह मौका पर पहुंच युवक के इलाज खातिर हथुआ के अनुमंडलिय अस्पताल में भर्ती करवले । जहवा डॉक्टर लोग घायल कन्हइया महतो के प्राथमिक इलाज कईला के बाद चिंताजनक हालात में गोपालगंज सदर अस्पताल रेफर कर दिहल । घायल कन्हइया जवन की चैनपुर गाँव के निवासी बाड़े उनकर हालात काफी चिंताजनक बतावल जा रहल बा ।

