BREAKING NEWS
Search

बैकुंठपुर थाना के कल्याणपुर गांव में एक साथे उठल तिनगो अर्थी ,गाँव के कईगो घर में ना जरल चूल्हा

गोपालगंज। बैकुंठपुर थाना  से 15 किलोमीटर पूरब बा  फैजुल्लाहपुर पंचायत के  कल्याणपुर गांव। जहवा शनिवार के सबेरे जब गांव में एक साथे तिनगो अर्थी उठल तब ग्रामीण लोग के आँख नम हो गइल। शुक्रवार के  देर रात सड़क हादसा  में मारल  गईल  युवक अमित सिंह, सौरभ कुमार व राजू सिंह के  शव यूपी के मिर्जापुर से पोस्टमार्टम के बाद उनकरा लोग के  पैतृक गांव लेके आवल गइल  । शव के  गांव पहुंचते ही माहौल गमगीन हो गइल । हादसा  में फैजुल्लाहपुर पंचायत के तीनगो  युवक लोग  के मौत से कल्याणपुर, नरवार व फैजुल्लाहपुर गांव के कईगो  घर में शुक्रवार के  शाम से ही चुल्हा ना जलल । हादसा  में मारल  गइल  स्वर्गीय सुरेंद्र सिंह के पुत्र सौरभ कुमार  बिदेश्वरी सिंह के पुत्र राजू सिंह के शव के  नारायणी नदी के तट पर अंत्येष्टि कइल गइल । लेकिन उदय सिंह के पुत्र अमित कुमार सिंह के शव के रख के  पत्नी नेहा देवी के अईला के  इंतजार परिजन कर रहल बाड़े  । बीडीसी उमाशंकर यादव बतवले   कि अमित के  पत्नी नेहा देवी लुधियाना में लॉकडाउन में फंसल बाड़ी  । नेहा देवी अपना  पति के  मौत के  जानकारी मिलला  के बाद गाँवे लौटे खातिर लुधियाना से चल देहले बाड़ी । ओने  फैजुल्लाहपुर पंचायत के तीनगो  युवक के यूपी के मिर्जापर के समीप सड़क दुर्घटना में मौत के  सूचना मिलते ही विधायक मिथिलेश तिवारी फैजुल्लाहपुर गांव पहुंचले । विधायक  घटना पर दुख प्रकट कईले । उ कहले  कि जब घटना के  जानकारी मिलल तब उ  मिर्जापुर के सांसद के माध्यम से शव के  पोस्टमार्टम कराके  गोपालगंज ले आवे खातिर  पहल शुरू कइले । उ बतवले  कि उत्तर प्रशेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ  मृतक लोग  के स्वजन  दो-दो लाख रुपया के  आर्थिक सहायता देबे के  निर्देश देहले बाड़े । राज्य सरकार के  ओर से जिला प्रशासन मृतक लोग  के स्वजन के  चार-चार लाख रुपया के सहायता राशि मुहैया करावे के प्रक्रिया शुरू कर देहले बा । ओने  बीडीसी उमाशंकर यादव, प्रखंड प्रमुख मीना देवी, राजद नेता प्रदीप यादव, जिला पार्षद सुरेंद्र राय, सहित कईगो  लोग राज्य सरकार से परिजन लोग के  दस-दस लाख मुआवजा व सरकारी नौकरी देबे के  मांग कइले बा ।

मुंबई से घरे  लौटत में  हादसा  के शिकार बनले  तीनों युवक

बैकुंठपुर : फैजुल्लाहपुर पंचायत के निवासी राजू सिंह, अमित सिंह – सौरभ कुमार मुंबई  में काम करत रहले ह । इ  तीनों युवक एगो  इनोवा कार में अपना  कुछ दोस्त लोग  के साथे  घरे आवे खातिर चलल रहुए लोग । इनोवा में सवार भइला  के बाद तिनु  युवक लोग आपन फोटो खींच के  सोशल मीडिया पर पोस्ट कइले रहे लोग । एही बीच मिर्जापुर में हादसा  में गुरुवार के  रात राजू सिंह, अमित सिंह औरी सौरभ कुमार के  मौत हो गईल ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *