BREAKING NEWS
Search

महम्मदपुर थाना के महारानी पनडुही चंवर के पोखरा में दुगो युवती के पानी में डुबला से भईल मौत


गोपालगंज/ बैकुंठपुर- जिला के महम्मदपुर थाना  के महारानी पनडुही चंवर में मछली मारे गईल दुगो  युवती लोग के पोखरा के पानी मे डुबला से मौत हो गइल बा । ग्रामीण लोग  के सहयोग से ग्यारह वर्षीय रानी कुमारी व रिंकू कुमारी के  शव बरामद कर लिहल गईल । घटना के संबंध में बतावल गईल  कि मोतीलाल राम के  बेटी रानी कुमारी व मुन्ना राम के  बेटी रिंकू कुमारी चंवर में मछली मारे खातिर गईल रहुए लोग । जब दुनु युवती लोग दुपहरिया  तक वापस अपना घरे ना लौटुवे तब परिजन लोग  खोजबीन शुरू कर दिहल । एहि  बीच पता चलल कि दुनु बहन चंवर के पोखरा में  गिर गईल बाड़ी । ग्रामीण लोग  रानी कुमारी व रिंकू कुमारी के  शव चंवर से बाहर निकाल लिहल  । घटना के  सूचना मिलते ही सीओ पंकज कुमार, महम्मदपुर थाना के  पुलिस व स्थानीय मुखिया उपेंद्र यादव घटनास्थल पर पहुंच गईले । घटना के  सूचना पूरा इलाका में फईल गईल बा । ओकरा  बाद घटना स्थल पर ग्रामीण लोग के   भीड़ जुट गईल । एह घटना में रानी व रिंकू दुनु के मौत हो गईल ।
परिजन लोग के   चीख-पुकार से गमगीन भइल  महारानी गांव

बैकुंठपुर- महम्मदपुर थाना  के महारानी पनडुही गांव के चंवर में मछली मारला के दौरान डूबला से 11 वर्षीया रानी कुमारी के  मौत के बाद परिजन लोग  में कोहराम मच गइल । शुरुआती दौड़ में रानी के शव चंवर से मिलला के बाद भाई गोविंदा, चंदन, बहन बिंदी व सिंधी के  रो-रो के बुरा हाल हो चुकल बा । रानी के  मां सुंदरपति देवी बेटी के  मौत से सदमा में बाड़ी । जब भी होश आवत रहुए उ  बेटी के शव के समीप विलाप कर चीख उठत रहुई । स्थानीय मुखिया उपेंद्र यादव सहित अन्य ग्रामीण परिजन लोग के सांत्वना देबे में लागल रहुए । ओने इहे हाल मुन्ना राम के घर भी रहुए । मुन्ना राम के नौ वर्षीया बेटी रिंकू भी चंवर में मछली मारे खातिर गईल रहुई । जेकर  डूबला  से मौत हो गईल बा । आचानक भईल ऐह  घटना से पूरा गांव शोक में डूबल बा । मोतीलाल राम के घरे  सांत्वना देबे  वाला  लोग के कलेजा भी परिजन लोग के  चीख- पुकार से दु-टूक होत रहुए।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *