रिपोर्ट:विशाल शाही
पटना:बिहार में जूनियर डॉक्टर के हड़ताल लगातार छठवां दिन भी जारी बा लेकिन हड़ताल के कवनो नतीजा अभी नईखे निकलल डॉक्टरों की हड़ताल के कारण मरीज के इलाज नईखे होत ऐसे हालत बहुत खराब बा ओहि जा पीएमसीएच प्रशासन हड़ताल में शामिल डॉ लोग के 24 घंटा के अंदर हॉस्टल खाली करे के आदेश देलेबा हालांकि जूनियर डॉक्टर एसोसिएशन के कवनों बात अभी प्रशासन से नईखे भइल वार्ता खातिर स्वास्थ्य विभाग की ओर से प्राचार्य और अधीक्षक अधिकृत कईल गईल बाड़े लेकिन हड़ताली डॉक्टर वह लोग से बात करे खातिर तैयार नईखन राज्य में सरकारी मेडिकल कॉलेज और हॉस्पिटल के हड़ताल पर गईल जूनियर डॉक्टर लोग पर सरकार के चेतावनी के असर नईखे होत देख सरकार अब कोर्ट जाए के तैयारी में बा ।
