BREAKING NEWS
Search

बिहार में नईखे रुकत कोरोना के कहर, 112 नया मामला के साथे कुल संख्या पहुँचल 2686

पटना  बिहार में कोरोना के  कहर रुके के नाम नईखे  लेत । पिछलका कुछ दिन से आंकड़ा  लगातार शतक लगा रहल बा । सोमवार के  भी अभी तक 112 नया  मामला  सामने आ चुकल बा  । एकरा पहिले  रविवार के  कोरोना के औरी  180 मामला  मिलल रहे । राज्य में कुल  संक्रमित लोग के संख्या 2686 हो गईल बा । जईमें 1897 एक्टिव केस बा  जबकि, अब तक 733 लोग महामारी के  परास्त कर चुकल बा । रविवार के  कोरोना से एगो  औरी  मौत हो गईल । मौत के  आंकड़ा 13 तक पहुंच चुकल बा । खास बात इहो बा कि राज्‍य के अधिकांश मामला  प्रवासी श्रमिक लोग  से जुड़ल बा । सोमवार के  स्‍वास्‍थ्‍य विभाग द्वारा जारी आंकड़ा  के अनुसार राज्‍य में कोरोना के 112 नया मामला सामने आईल बा  । आज भी कोरोना मरीज लोग के  आंकड़ा शतक लगा लेहले बा ।  

पहिलका  रिपोर्ट: स्‍वास्‍थ्‍य विभाग द्वारा जारी सोमवार के पहिलका रिपोर्ट में 69 नया  मरीज मिलल बाड़े । एकरा  अनुसार सहरसा में 11, दरभंगा में 10, कटिहार व बेगूसराय में नौ-नौ औरी अररिया में छह नया  मामला  मिलल बा । गोपालगंज, मधुबनी, खगडि़या व दरभंगा में तीन-तीन, सारण, औरंगाबाद व मुंगेर में दु –दु  नया  मामला  मिलल बा  । भोजपुर , शेखपुरा, समस्‍तीपुर, लखीसराय, मधेपुरा व रोहतास में एक-एक नया  मामला  मिलल बा ।

दूसरका  रिपोर्ट: स्‍वास्‍थ्‍य विभाग द्वारा जारी सोमवार के  दूसरका  रिपोर्ट के अनुसार 43 नया  मरीज मिलल बाड़े । एकरा अनुसार, सहरसा में 10, पटना में 8, मधुबनी में 7, भोजपुर 6, अरवल, सुपौल व भागलपुर में 3-3, सिवान में 2 औरी नालंदा में एक मरीज मिलल बाड़े । 

अब तक 733 लोग दे चुकल बा बीमारी के  मात

राज्य के स्वास्थ्य सचिव लोकेश कुमार सिंह बतवले  कि राज्य में बीतल  दिन से लेके  अब तक पिछलका  24 घंटा  में 75 मरीज बीमारी से ठीक हो चुकल बाड़े । अब तक कुल 733 लोग ऐह  बीमारी के पराजित कईले बा ।

कोरोना से अबतक प्रदेश में 13 लोग के  मौत

स्वास्थ्य सचिव  बतवले  कि रविवार के  कोरोना से एक औरी  व्यक्ति के  मौत हो गईल । सिवान के गोरियाकोठी के रहे  इ  व्यक्ति एनएमसीएच में इलाजरत रहले ह । जवन  हाल ही में कोलकाता से लौटल रहले ह इनकर किडनी औरी  डायबिटीज संबंधी बीमारी रहल हवे । ऐह  व्यक्ति के  मौत के बाद राज्य में महामारी से मरे वाला लोग के संख्या 13 हो गईल बा।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *